औरैया के डीएम भ्रष्टाचार में निलंबित

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 5, 2022

राज्य सरकार भ्रष्टाचार के आरोप में औरैया के डीएम सुनील कुमार वर्मा के निलंबित कs देलस। आय से बेसी संपत्ति के ममिला में जांच सतर्कता अधिष्ठान के सउपल गइल बा। अपर महानिदेशक स्टांप आ रजिस्ट्रेशन

Share

राज्य सरकार भ्रष्टाचार के आरोप में औरैया के डीएम सुनील कुमार वर्मा के निलंबित कs देलस। आय से बेसी संपत्ति के ममिला में जांच सतर्कता अधिष्ठान के सउपल गइल बा।

अपर महानिदेशक स्टांप आ रजिस्ट्रेशन प्रकाश चंद्र श्रीवास्तव के औरैया के डीएम बनावल गइल बा। एकरा संगही प्रतापगढ़ के लालगंज तहसील के कर्मचारी सुनील कुमार शर्मा के मौत के ममिला में उप जिलाधिकारी ज्ञानेद्र विक्रम के निलंबित कs दिहल गइल बा। अपर मुख्य सचिव देवेश चतुर्वेदी सोमार के दुनु अधिकारियन के निलंबित करे के आदेश जारी कइले। सुनील कुमार वर्मा 2013 बैच के आईएएस अधिकारी हवे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.