[the_ad_group id="30365"]

गोरखनाथ मंदिर हमला: नेपाल सीमा पs सुरक्षा एजेंसी सतर्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखनाथ मंदिर के सुरक्षा में तैनात पीएसी जवानन प हमला के बाद भारत-नेपाल सीमा पs सुरक्षा एजेंसी सतर्क हो गइल बाड़ी सs। भारत-नेपाल सीमा पुलिस आ खुफिया एजेंसी भारत आवे आलन पs खास नजर बना के रखले बिया। नेपाल से आवे आला लोगन के डॉग स्कवायड, हैंड मेटल डिटेक्टरआ मिरर डिक्टेटर से जांच कइल जा रहल बा। संदिघ्ध लगला पs फोटो आ नाम पता एगो रजिस्टर में दरज कइला के संगे आईडीओ प्रूफ के जांच कइल जा रहल बा। एकरा संगही सोनौली पुलिस पगडंडियन पs एसएसबी आ नेपाल पुलिस के संगे साथ में गस्ती कइलस।

भारत नेपाल सीमा पs सतर्कता बढ़ल  

जानकारी के मोताबिक बीतल अतवार के साँझ के पीएसी जवानन पs हमला के बाद भारत-नेपाल सीमा पs सतर्कता बढ़ा दिहल गइल बा। सुरक्षा एजेंसियन हमला से पहिले आरोपी मुर्तजा के मुंबई आ नेपाल गइला के वजे से अधिका चौकसी बरत रहल बाड़ी सs। सुरक्षा एजेंसियन के संयुक्त रूप से नो मेंस लैंड के लगे गस्ती जारी बा, सरहद पs पहरा कड़ा बा।

यात्रियन के रोक के तलाशी

सोनौली बार्डर पs नेपाल कावर से आवे आला सभे यात्रियन के रोक के सघन तलाशी लेहल जा रहल बा। संदेह होखला पs ओह लो के आईडी के डिटेल रजिस्टर में दरज कइल जा रहल बा। एसएसबी आ नेपाल सशष्त्र पुलिस के संगे रात में पगडंडियन पs गस्त कइल जा रहल बा। संदेह होखला पs आइडीके जांच आ नाम पता नोट कइला के बादे भारत में घुसे दिहल जा रहल बा।

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]