Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

22 यूट्यूब चैनल ब्लॉक, एमें से 4 पाकिस्तानी न्यूज चैनल

सरकार बोलल- भारत के करत रहने सब दुष्प्रचार

0 35
सीवान इन्शुरेंस 720 90

आईबी मिनिस्ट्री मंगलवार के 22 यू-ट्यूब चैनल्स के ब्लॉक कs देहले बा। एमें 4 पाकिस्तान बेस्ड यू-ट्यूब न्यूज चैनल बाने सब। मंत्रालय कहलस कि ई चैनल भारत के सिक्योरिटी, पब्लिक ऑर्डर अउर विदेश संबंधों के बारे में दुष्प्रचार करत रहने सब। ई पहिला मौका बा जब 18 भारतीय यूट्यूब चैनल्स के आईटी नियम, 2021 के तहत बैन कइल गइल बा। एमें ARP न्यूज, सरकारी बाबू, ऑनलाए खबर, डीपी न्यूज, किसान तक, भारत मौसम, दिनभर की खबरें, डीजी गुरुकुल जइसन भारतीय चैनल शामिल बाने। उहवें पाकिस्तान के दुनिया मेरे आगे, गुलाम नबी मदनी, हकीकत टीवी, हकीकत टीवी 2.0 के नाव बा। एके अलावा 3 ट्विटर अकाउंट, एक फेसबुक अकाउंट अउर एगो न्यूज वेबसाइट के ब्लॉक कइल गइल बा।

237130cookie-check22 यूट्यूब चैनल ब्लॉक, एमें से 4 पाकिस्तानी न्यूज चैनल

- Sponsored -

- Sponsored -

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

जगदम्बा जयसवाल  300*250
जगदम्बा जयसवाल 720*90

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

- Sponsored -

- Sponsored -
Leave A Reply

Your email address will not be published.