Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

असम: गुवाहाटी में महसूस कइल गइल भूकंप के झटका, धरती के 10 किलोमीटर गहराई पs रहल केंद्र

215

असम के गुवाहाटी के 62 किलोमीटर उत्तरपूर्व में आजु दूपहर 12 बजकर 27 मिनट पs भूकंप के झटका महसूस कइल गइल। रिक्टर पैमाना पs तीव्रता 3.5 रहल। भूकंप के गहराई धरती से 10 किलोमीटर नीचे रहल। राष्ट्रीय भूकंप विज्ञान केंद्र एह घटना के जानकारी दीहलस।

भूकंप के तीव्रता का ह?

रिक्टर स्केल पर 2.0 से कम तीव्रता वाले भूकंप के माइक्रो कैटेगरी में रखल जाला अउर ई भूकंप महसूस नाइ कइल जाला। रिक्टर स्केल पर माइक्रो कैटेगरी के 8,000 भूकंप दुनियाभर में रोजाना दर्ज कइल जाला। एही तरह 2.0 से 2.9 तीव्रता वाले भूकंप के माइनर कैटेगरी में रखल जाला।

अइसे 1,000 भूकंप प्रतिदिन आवsला। एहू के सामान्य तौर पर हम महसूस नाइ करेने। वेरी लाइट कैटेगरी के भूकंप 3.0 से 3.9 तीव्रता वाला होला, जौन एक साल में 49,000 बेर दर्ज कइल जाला। इनके महसूस त कइल जाला लेकिन शायद ही इनसे कौनो नुकसान पहुंचsला।

लाइट कैटेगरी के भूकंप 4.0 से 4.9 तीव्रता वाला होला जवन पूरा दुनिया में एक साल में करीब 6,200 बेर रिक्टर स्केल पर दर्ज कइल जाला। एह झटका के महसूस कइल जाला अउर इनसे घर के सामान हिलत नजर आवsला। हालांकि इनसे न के बराबर ही नुकसान होला।

424350cookie-checkअसम: गुवाहाटी में महसूस कइल गइल भूकंप के झटका, धरती के 10 किलोमीटर गहराई पs रहल केंद्र

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.