Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर : अतवार, मंगर अउर सनीचर के बंद रही शहर क्षेत्र के दुकान, साप्ताहिक बंदी निर्धारित

226

गोरखपुर जिला प्रशासन साल-2023 के साप्ताहिक बंदी के दिन निर्धारित कs दिहले बाने। ई जानकारी उप श्रमायुक्त एके सिंह दिहलें। ऊ बतवलें कि शहर के दुकान अतवार, मंगर अउर शनिचर त उहवें ग्रामीण इलाका के दुकान सोमवार, सनिचर, बियफे, अतवार अउर बुध के इलाकेवार अलग-अलग दिन बंद होई।

अतवार के बंद रही इहां के बाजार

सिनेमा रोड, विजय चौक, पार्क रोड, मोहद्दीपुर चौक से जीआरडी गेट तक, चार फाटक रोड, रामगढ़ पुल, जीआरडी गेट से कसया रोड, विश्वविद्यालय, छात्रसंघ भवन, कचहरी से स्टेशन, ट्रांसपोर्ट नगर चौक, गोलघर, लाल बहादुर शास्त्री चौक, काली मंदिर से धर्मशाला रोड, धर्मशाला चौक, धर्मशाला चौक से रेलवे माल गोदाम, धर्म कांटा होत स्टेशन रोड, पुर्दिलपुर, गोलघर, बैंकरोड, कचहरी चौक से टाउन हॉल, महिला अस्पताल, नर्सेज हॉस्टल रोड, जिला परिषद रोड, आरटीओ ऑफिस के लग्गे के बाजार, सिविल लाइंस अतवार के बंद रही। एकरे सथही गोरखपुर के समस्त मिल स्टोर, हार्डवेयर, इंजीनियरिंग के दुुकान अउर अधिष्ठान, इंश्योरेंस कंपनी अउर ट्रासंपोर्ट कंपनी अतवार के बंद रही।

मंगर के बंद रही ई बाजार

चौरहिया गोला से खूनीपुर चौक, कौवादह होत गीताप्रेस अतिथि भवन, शेखपुर से लाल डिग्गी चौक, निजामपुर चौक से घासीकटरा, नसीराबाद होते हुए चौरहिया गोला, विजय चौक से सुमेर सागर होत जटाशंकर तिराहा से धर्मशाला चौराहा तक, छात्र संघ चौराहे से कसया रोड होत रीड़ साहब धर्मशाला, कूड़ाघाट से देवरिया रोड नगर निगम सीमा तक, नंदानगर, नीनाथापा, एफसीआई क्रासिंग से न्यू प्रोजेक्ट रोड क्षेत्र के दुकान मंगर के बंद रही। एकरे साथही नगर महापालिका क्षेत्र के समस्त दुकान, वाणिज्य अधिष्ठान, इंडस्ट्रियल स्टेट, जुबली सिनेमा के समस्त दुकान बंद रहीं।

शनिचर के बंद रही बाल काटे के दुकान अउर ब्यूटी पार्लर

नगर महापालिका क्षेत्र स्थित समस्त बाल कांटे दुकान अउर ब्यूटी पार्लर, गोलघर स्थित ब्यूटी पार्लर के छोड़ के शनिचर के बंद रही।

एह दिन बंद रही टाउन एरिया के बाजार

बड़हलगंज सोमवार, गोला बाजार सोनबरसा अउर खजनी बाजार शनिवार, पीपीगंज अउर सहजनवां बियफे, मुंडेरा बाजार अउर चौरीचौरा गल्ला के थोक दुकान अतवार अउर टाउन एरिया के सब दुकान बियफे, पिपराइच अउर बांसगांव टाउन एरिया अतवार अउर कौड़ीराम अउर कैंपियरगंज टाउन एरिया में बुध के दुकान बंद रही।

424310cookie-checkगोरखपुर : अतवार, मंगर अउर सनीचर के बंद रही शहर क्षेत्र के दुकान, साप्ताहिक बंदी निर्धारित

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.