[the_ad_group id="30365"]

नेपाली पर्यटक लोग के पसन्द आ रहल बा थाईलैंड के आबोहवा, 10 महीना में हजारों यात्री कs चुकल बानें सैर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

नेपाल अपने प्राकृतिक सुंदरता खातिर जानल जाला। पूरे विश्व के पर्यटक एक बेर इहां घूमना चाहsतने, उहवें नेपाली पर्यटक के थाईलैंड के आबोहवा लुभा रहल बा। थाईलैंड अउर नेपाल में पर्यटन व्यापार घाटा में चल रहल बा। नेपाल पर्यटन बोर्ड के आंकड़ा अउर थाईलैंड के पर्यटन अउर खेल मंत्रालय के आंकड़न के तुलना कइले पर ई तथ्य सामने आइल बा।

साल 2022 में 10 महीना के दौरान 10,350 नेपाली नेपाल से थाईलैंड गइल बानें। हाल ही में, ई पावल गइल बा कि थाईलैंड पर्यटन खातिर नेपाल के लोग में ज्यादा रूचि बा। हालांकि, थाईलैंड से महज 4,339 पर्यटक ही नेपाल घूमे आवेने।

मंत्रालय के आंकड़न के मुताबिक, पिछले पांच महीना से नेपाल से थाईलैंड जाए वाले नेपालियन के संख्या तेजी से बढ़े लागल बा। ट्रैकिंग एजेंसीज एसोसिएशन ऑफ नेपाल (टीएएन) के महासचिव विनोद सपकोटा के अनुसार थाईलैंड अन्य देश के अपेक्षाकृत सस्ता देश बा। नेपाल अउर थाईलैंड के बीच बढ़ल हवाई नेटवर्क के चलते नेपाल से थाईलैंड जाए वालन के संख्या भी बढ़ल बा।

नेपाली लोग के एगो बड़ संख्या बा, जौन मनोरंजन खातिर आपन छुट्टी बितावे खातिर थाईलैंड के चुनेने। बेलेहिया टूर एंड ट्रेवल के मालिक श्रीचंद गुप्ता कहनें कि कैसिनो, मनोरंजन, सस्ता होटल के चलते नेपाली नागरिक थाईलैंड जात बानें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]