Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

खतरा के घंटी: +92 से शुरू MOBILE NO. से रहीं सावधान

236

Ranchi: भारत सरकार डिजीटल इंडिया के बढ़ावा दे रहल बिया। तेजी से इंटरनेट के यूज़ बढ़ल बा। इंटरनेट के बदौलत आज वाट्स ऐप जइसन इंस्टेंट मैसेंजिंग ऐप के यूज़ लगभग हर व्यक्ति द्वारा कइल जा रहल बा। परिवार के सब सदस्यन के फोन में वाट्स एप मवजूद रहेला। खाली मैसेज ना बलुक व्हाट्सएप पs वीडियो आ वॉयस कॉलिंग के सुविधो उपलब्ध बा। बाकिर वाहट्स एप रउआ ला खतरा के घंटियो हो सकत बा। खास कs के तब जब वाट्स ऐप पs +92 कोड आला कवनो अजनबी नंबर से मैसेज आ रहल होखे। वाट्स ऐप पs अइसन नंबरन से आवे आला मैसेज अब झारखंड के लोगन के आ रहल बा।

मैसेज कs के लोगन के लक्की ड्रा के झांसा दिहल जा रहल बा। हाले में रांची के निवासी के एगो मोबाइल फोन पs +92-3091295803 से मैसेज आइल। जवना मे केबीसी के नाव पs 25 लाख रूपिया के लॉटरी निकले के जानकारी दिहल गइल।  लोगन के लॉटरी भा इनाम जीते के विडियों के माध्यम से जानकारी देके करोड़पति बनावे के झांसा दिहल गइल रहे। एह लोगन से सीधा-सादा लोगन ठगा जाये के आशंका बढ़ गइल बा।

इहों पढ़ी : /आज PK करिहे अपना राजनीतिक रणनीति के खुलासा: जन सुराज पs विस्तार से करिहे बात; बतइहे कवना पार्टियन से लिहे सहजोग

सावधानिये बचाव

साइबर एक्सपर्ट के मानल जाव तs +92 के काल्स में थ्री वे इंटरनेट लिकिंग सिस्टम के इस्तेमाल कइल जाला। जवना के तहत कॉल करे आला लोकेशन कवनो दोसर देश के होला आ नंबर के आईडी दोसर  देश के। कॉल तीसरे देश में कइल जाला। एकर मतलब  ई कि आईडीप्रूफ कहीं के आउर कॉल इंडिया के नेटवर्क में होला। धोखेबाजी ला वाट्स ऐप के इस्तेमाल कइल जा रहल बा। एमें लॉटरी भा  ईनाम जीतला के बात कहके झांसा में लिहल जाला। झांसा में आइल लोगन के हैकर ला बैंक एकाउंट के हैक कइल बहुत आसान हो जाला। अइसन में सावधानिये बचाव के सबसे बेहतर तरीका बा।

एह नम्बरन से रहीं सावधान

  • +923091295803
  • +923412358556
  • +923080544284

एह बातन के राखीं धेयान 

-जदि रउओ लगे +92 कोड आला कवनो नंबर से मैसेज आ रहल बा आ ऊ नंबर रउआ ला अनजान बा तs इग्नोर करीं।
-रउआ द्वारा रिप्लाई ना कईला पs दुबारा मैसेज भेजल जा सकत बा। बेहतर होई कि रउआ ओह नंबर के वाट्स ऐप पs ब्लॉक कs दीं। ब्लॉक कइला से ऊ नंबर फेर से रउआ कॉन्टेक्ट ना कs पाई।
-वाट्स ऐप कावर से ब्लॉक के संगही रिपोर्ट के फीचर जारी कइल गइल बा। +92 कोड आला नंबर के वाट्स ऐप पs रिपोर्ट जरूर करीं। रिपोर्ट कइला से वाट्स ऐप के पता चल जाई कि ओह नंबर से कवनो अमान्य हरकत कइल गइल बा आ वाट्स ऐप ओह नंबर के तफ्तीश शुरू कs दी।
-अइसन नंबरन के एगो जागरूक नागरिक होखला के नाते समूचा वाक्य के वाहट्सअप के ईमेल कके बतावल जरूरी बा। वाट्स ऐप के वेबसाइट पs जाके रउआ संगे भइल अइसन हादसन के पूरा ब्यौरा कंपनी के जरूर दीं। राउर सजगता से आउर लोगन पs  मंडरात खतरा कुछ हद तक कम जरूर होई।

कोट्स

+92 से लोगन के मैसेज आ रहल बा एह बात के जानकारी नइखे। नंबर पाकिस्तान के हs भा इंटरनेट कॉल के इस्तेमाल कइल जात बा। ई जांच के बादे पता चली। पुलिस के लगे एह तरे के कवनो ममिला संज्ञान में नइखे आइल। अइसन ममिला के जानकारी मिली तs जांच कइल जाई। ओकरा बाद कुछ स्पष्ट कहल जा सकता बा।
एस कार्तिक, साइबर एसपी

साभार: न्यूज़ विंग

248640cookie-checkखतरा के घंटी: +92 से शुरू MOBILE NO. से रहीं सावधान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.