आज PK करिहे अपना राजनीतिक रणनीति के खुलासा: जन सुराज पs विस्तार से करिहे बात; बतइहे कवना पार्टियन से लिहे सहजोग

By Anurag Ranjan

Published on: May 5, 2022

पटना के ज्ञान भवन में आज प्रशांत किशोर अपना राजनीति पs विस्तार से बात रखिहे आ सुराज यात्रा के बारे में बतइहे। प्रशांत किशोर भाजपा जइसन बड़ पार्टी के संगही जदयू, तृणमूल कांग्रेस जइसन क्षेत्रीय

Share

पटना के ज्ञान भवन में आज प्रशांत किशोर अपना राजनीति पs विस्तार से बात रखिहे आ सुराज यात्रा के बारे में बतइहे। प्रशांत किशोर भाजपा जइसन बड़ पार्टी के संगही जदयू, तृणमूल कांग्रेस जइसन क्षेत्रीय पार्टियन के रणनीतिकार रह चुकल बाड़े।

ऊ कांग्रेस के अपना तरीका से संचालित कइल चाहत रहस, बाकिर ई संभव ना हो सकल। अब ऊ आपन अलग पार्टी बनावे कावर बढ़ रहल बाड़े। बिहार में कवना पार्टियन से ऊ सहजोग लिहे भा केहु से सहजोग ना लिहे एकरो खुलासा प्रशांत किशोर करिहे।

प्रशांत किशोर का बारे में राजद सुप्रीमो लालू प्रसाद कह चुकल बाड़े कि प्रशांत सब जगहन से लौटावल जा चुकल बाड़े। नेता प्रतिपक्ष तेजस्वी यादव उनका बारे में कह चुकल बाड़े कि ऊ प्रशांत किशोर से जुड़ल खबरे देखबे ना करस। मुख्यमंत्री नीतीश कुमार तs प्रशांत किशोर से जुड़ल सवाल पs कुछ बोलले मुनासिब ना समझले। ऊ खाली एतने कहले, ई सब छोड़ दीं।

तकनीक के इस्तेमाल करी PK के पार्टी

कांग्रेस में बात ना बनला के बाद प्रशांत किशोर, माने PK राष्ट्रीय आ क्षेत्रीय स्तर पs राजनीति में बड़ धमाल करे के तइयारी में बाड़े। सूत्रन के मोताबिक, प्रशांत किशोर के पार्टी सब तरे आधुनिक होई , डिजिटल होई आ जनसंपर्क करे ला नाया उन्नत तकनीक के संगे लॉंच होई। पार्टी के नाव का होई, एकरा के लेके अब ले कवनो बात नइखे भइल। बाकिर एक दु साल में आपन पॉलिटिकल पार्टी लॉन्च करिहे।

मोदी के सत्ता में ले आके चरचा में आइल रहस PK

प्रशांत किशोर के जनम 1977 में बिहार के बक्सर जिला में भइल रहे। उनकर मां उत्तर प्रदेश के बलिया जिला के हई, ओहिजा बाबूजी बिहार सरकार में डॉक्टर बानी।  उनकरमेहरारू के नाव जाह्नवी दास हs, जे असम के गुवाहाटी में डॉक्टर बाड़ी। प्रशांत किशोर आ जाह्नवी के एगो बेटा बा। PK के राजनीतिक करियर के बात करी, तs ऊ 2014 में मोदी सरकार के सत्ता में लेअवला के वजे से चर्चा में आइल रहस। ऊ एगो  बेहतरीन चुनावी रणनीतिकार के तौर पs जानल जाले। हमेशा से ऊ पर्दा के पीछे रहके आपन चुनावी रणनीति के अंजाम देते आइल बाड़े।

साभार: भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.