Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

गोरखपुर: गोरखनाथ मंदिर के भीम सरोवर में हेड कांस्टेबल लगवले छलांग

जांच में नशा के भइल पुष्टि

165

गोरखपुर जिले के गोरखनाथ मंदिर परिसर में स्थित भीम सरोवर में बृहस्पतिवार देर शाम आरपीएफ के एगो हेड कांस्टेबल छलांग लगा देहले। एकर सूचना मिलतही हड़कंप मच गइल अउर आनन-फानन एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई खुद फोर्स के संगे मौका पर पहुंच गइले। हेड कांस्टेबल के बाहर निकलला के बाद अफसर लोग उनसे पूछताछ कइलें।

पुलिस अफसरों के मुताबिक, हेड कांस्टेबल अपना के तैराक बतावत नहइले खातिर सरोवर में छलांग लगवले के बात कहनें। हालांकि, पता चलल बा कि ऊ परिवार के संगे आइल रहने अउर कुछ आपसी विवाद के बाद ऊ अइसन कइले बानें।
जानकारी के मुताबिक, बांसगांव के बघराई गांव निवासी चंद्रमणि राय आरपीएफ गोरखपुर में हेड कांस्टेबल के पद पर तैनात बानें। बृहस्पतिवार ई उनकर माई, पत्नी, बेटी अउर बेटा गोरखनाथ मंदिर में दर्शन करे आइल रहने। चंद्रमणि के जब एकर जानकारी भइल त उहों बावर्दी सीधे मंदिर पहुंच गइले।
एह दौरान परिसर में घूमत परिवार भीम सरोवर के लग्गे पहुंचल। बचवन के जिद पर परिवार के सब लोग भीम सरोवर में नाव पर घूमें लगने। बतावल जाता कि एह दौरान चंद्रमणि राय कहने कि ओनके तैरे के आवsला। ऊ सेल्फी लेहले के बाद वर्दिये में सरोवर में कूद गइलें। ई देख कर सब लोग दंग रह गइल। स्थानीय लोग के शोर मचवले पर पुलिस पहुंच गइल।

चंद्रमणि के बाहर निकाल के गोरखनाथ थाने में पूछताछ के बाद उनकर मेडिकल करावल गइल। एसपी सिटी कृष्ण कुमार विश्नोई के मुताबिक, ऊ नशा में धुत्त बानें। एकर जानकारी आरपीएफ के अधिकारियन के दे देहल गइल बा। एह सिलसिला में चन्द्रमणि के पक्ष नाइ मिल पवलें बा।

249360cookie-checkगोरखपुर: गोरखनाथ मंदिर के भीम सरोवर में हेड कांस्टेबल लगवले छलांग

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.