Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

एडीजी आलोक सिंह के फिर मिलल बड़ जिम्मेदारी : योगी आदित्यनाथ 7 दिग्गज आईपीएस अफसर के ट्रांसफर कइलें

159

उत्तर प्रदेश के मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ बीतल देर रात के आईपीएस अधिकारियन में बड़ फेरबदल कइले बाने। गौतमबुद्ध नगर के पुलिस कमिश्नर रहल अउर वर्तमान में उत्तर प्रदेश पुलिस मुख्यालय के अपर महानिदेशक आलोक सिंह के तबादला कs दिहल गइल बा। योगी आदित्यनाथ आलोक सिंह पर विश्वास जतावत एक बेर फिर उन के कानपुर नगर के एडीजी बना दिहले। आलोक सिंह के अलावा उत्तर प्रदेश में 6 अन्य एडीजी अधिकारियन के तबादला भइल बा।

पीसी मीणा के एडीजी बरेली जोन बनवलें

लखनऊ मुख्यमंत्री कार्यालय से मिलल जानकारी के मुताबिक आईपीएस पीयूष आनंद के एडीजी प्रशासन बना दिहल गइल बा। लमहर घरी से एडीजी प्रशासन के पद पर जमल पीसी मीणा के एडीजी बरेली जोन बनावल गइल। उहवें, योगी आदित्यनाथ सरकार आईपीएस प्रेम प्रकाश को प्रयागराज से हटा के डीजीपी मुख्यालय से अटैच कइल गइल।

आईपीएस भानु भास्कर के भी भइल तबादला

वाराणसी पुलिस कमिश्नर पद से हटावल गइल आईपीएस सतीश गणेश के जीआरपी एडीजी के जिम्मेदारी सौंपल गइल बा। उत्तर प्रदेश के दिग्गज आईपीएस अधिकारियन में शामिल भानु भास्कर के प्रयागराज के नयका एडीजी बनावल गइल। आईपीएस राजकुमार के एडीजी लॉजिस्टिक के जिम्मेदारी सौंपल गइल बा। आईपीएस विजय कुमार मौर्या से लॉजिस्टिक्स के चार्ज लिहल गइल, अब विजय कुमार मौर्या एडीजी होमगार्ड रहिहें।

424060cookie-checkएडीजी आलोक सिंह के फिर मिलल बड़ जिम्मेदारी : योगी आदित्यनाथ 7 दिग्गज आईपीएस अफसर के ट्रांसफर कइलें

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.