राहुल गांधी के सुरक्षा में चूक के शिकायत पs CRPF के जवाब- ऊ खुदही करsतने नियम के उल्लंघन

By Anurag Ranjan

Published on: Dec 29, 2022

भारत जोड़ो यात्रा के दौरान राहुल गांधी के सुरक्षा में चूक के मामिला के कांग्रेस जोर-शोर से उठवले बानें। एक दिन पहिले पार्टी नेता केसी वेणुगोपाल एके ले के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के

Share

भारत जोड़ो यात्रा के दौरान राहुल गांधी के सुरक्षा में चूक के मामिला के कांग्रेस जोर-शोर से उठवले बानें। एक दिन पहिले पार्टी नेता केसी वेणुगोपाल एके ले के केंद्रीय गृह मंत्री अमित शाह के चिट्ठी लिख सुरक्षा चूक मामिला के शिकायत कइले रहनें। अब एके ले के केंद्रीय रिजर्व सुरक्षा बल (सीआरपीएफ) के जवाब आइल बा। सीआरपीएफ कहलस कि राहुल गांधी के सुरक्षा के ले के जौन गाइडलाइंस जारी कइल गइल बा उनके खुद राहुल गांधी के तरफ से तूड़ दिहल गइल बा। राहुल के एह नियम उल्लंघन के जानकारी समय-समय पर दीहल जात रहल।

सीआरपीएफ के कहनाम बा कि राहुल गांधी 2020 से ले के अब ले 113 बार सुरक्षा नियम के उल्लंघन कर चुकल बानें। ऊ हर बेर एह बारे में जानकारी दीहल गइल। भारत जोड़ो यात्रा के दिल्ली चरण में भी उनके संगे चलत लोग ने सुरक्षा नियम तूड़ले बानें अउर सीआरपीएफ एह मुद्दा पर अलग से डील करी।

सुरक्षाबल के मुताबिक, राहुल खातिर सब सिक्योरिटी के इंतजाम कइल गइल बा। ई बतावल अहम बा कि जब भी सुरक्षा पावल कौनो आदमी के दौरा होला, त उनके सुरक्षा के तैयारी सीआरपीएफ राज्य के पुलिस अउर सुरक्षा एजेंसियन के सहयोग से करsला। 24 दिसंबर के भारत जोड़ो यात्रा के दिल्ली चरण खातिर सीआरपीएफ 22 दिसंबर के ही तैयारी कs लिहले रहल। सब सुरक्षा गाइडलाइंस के पालन कइल गइल अउर दिल्ली पुलिस के तरफ से जरूरी बल मुहैया करावल गइल रहे।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.