[the_ad_group id="30365"]

आज से शुरू हो रहल बा इंटरनेशनल फ्लाइट्स

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

कोरोना के चलते दू साल से बंद अंतरराष्ट्रीय उड़ान रविवार से शुरू हो रहल बा। 40 देशों खातिर 6 भारतीय और 60 विदेशी एयरलाइंस के विमान के उड़ान शुरू होई। भारत से 3,249 वीकली फ्लाइट्स उड़ी, लेकिन एमें से चीन खातिर एक्को फ्लाइट नाइ बा।

एयरपोर्ट अथॉरिटी विमान में सीट खाली छोड़ले अउर PPE किट पहिनले जइसन सब पाबंदी हटा देहले बा। बस मास्क पहिनल जरूरी रही। एयर इंडिया सहित देशी अउर कई विदेशी कंपनी नियमित उड़ान शुरू कइले के तैयारी पूरा क लेहले बा। सरकार के घोषणा के बाद इंटरनेशनल फ्लाइट बुकिंग में 30 फीसदी अउर पूछताछ में 170 फीसदी तक ग्रोथ आइल बा।
इंडियन एसोसिएशन ऑफ टूर ऑपरेटर्स के महाराष्ट्र, दादरा, नगर हवेली अउर दमन क्षेत्र के चेयरमैन जितेंद्र केजरीवाल बतवनें कि लोग इंटरनेशनल बिजनेस अउर एक्जीबिशन ट्रैवल कइल शुरू कs देहले बा। भारत में एह समय यूरोप हॉलिडे सीजन बा। मिडिल ईस्ट में RT-PCR टेस्ट अउर एक दिन क्वारैंटाइन जरूरी होखले से लोग उहवाँ गइले से बचत बा।

कई देश के कंपनी फेर शुरू कs रहल बाड़ी उड़ान

अमीरात 1 अप्रैल से दुबई से भारत के 170 वीकली उड़ान बहाल करी।
ब्रिटिश वर्जिन अटलांटिक के 1 जून से लंदन-दिल्ली के दुसरकी दैनिक उड़ान शुरू होई।
थाई एयरवेज गर्मियों में भारत खातिर 35 वीकली उड़ान शुरू करी।
अमेरिकन एयरलाइंस साल के अंत में सिएटल-बेंगलुरु उड़ान शुरू करी। फिनएयर 3 नई वीकली उड़ान शुरू करी।
जर्मनी के लुफ्थांसा के 29 अप्रैल से चेन्नई-फ्रैंकफर्ट के हफ्ता में 3 उड़ान।
दिल्ली इंटरनेशनल एयरपोर्ट लि. उम्मीद जतवले बा कि 60 से ज्यादा शहर खातिर कनेक्टिविटी शुरू हो जाई।
कोविड पूर्व दिल्ली के इंदिरा गांधी एयरपोर्ट से रोज 1.8 लाख यात्री आवत-जात रहनें।
देश के सबसे व्यस्त दिल्ली एयपोर्ट से एयर ट्रैफिक मूवमेंट एह गर्मी में 165 प्रतिदिन से बढ़ के 300 पहुंच सकs ला।

 

साभार – दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]