Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

“किलकारी” मोबाइल ऐप राख रहल बा गर्भवती महिला आ बच्चन के सेहत के ख्याल

"किलकारी” मोबाइल ऐप राख रहल बा गर्भवती महिला आ बच्चन के सेहत के ख्याल

3,857

“किलकारी” मोबाइल ऐप राख रहल बा गर्भवती महिला आ बच्चन के सेहत के ख्याल

  • मोबाइल आधारित एप कर रहल बा  जागरूक
  • फोन कs के गर्भवती महिला लो के दिहल जा रहल बा जानकारी
  • टोल फ्री नंबरो से लेहल जा सकत बा जानकारी

सीवान। गर्भवती महिला लोग आ बच्चन के बेहतर स्वास्थ ला सरकार कइयन गो स्तर पs प्रयास कर रहल बिया। हर योजना के सफलता जन-समुदाय के जागरूकतो पs निर्भर करेला। एह दिशा में मोबाइल आधारित एप किलकारी प्रभावी साबित हो रहल बा। अब गर्भवती आ एक साल तक के बच्चन के स्वास्थ्य से जुड़ल जरूरी सनेस के किलकारी एप्लिकेशन के माध्यम से दिहल जा रहल बा। एकरा ला एएनएम भा आशा के  सहायता से गर्भवती माई के समूचा विवरण स्वास्थ्य विभाग द्वारा संचालित मदर एंड चाइल्ड ट्रैकिंग सिस्टम(एमसीटीएस) पोर्टल पs दरज कइल अनिवार्य बा।

फोन कs  के दिहल जा रहल बा जानकारी:
प्रमंडलीय आशा समन्वयक संतोष कुमार बतवनी कि किलकारी एप्लिकेशन के मुख्य उदेस गर्भवती माता आ एक साल तक के बच्चन के ओह लो के स्वास्थ्य से जुड़ल जानकारी प्रदान कइल बा। जेमे प्रसव से पहिले जांच, संस्थागत प्रसव आ शिशु देखभाल से संबंधित जानकारी गर्भवती माई आ ओह लो के अभिभावक के रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पs कॉल भा मैसेज कs दिहल जाला। एकरा ला गर्भवती माई के समूचा ब्योरा जिला एमसीटीएस पोर्टल पs दर्ज करावल जाला।

जागरूकता में सहयोग:
किलकारी एप सरकार के अनूठा पहल हs। एकरा से गर्भवती महिला आ एक साल तक के बच्चन के सनेस के माध्यम से जागरूक कइल जा रहल बा। एकरा ला सभे आशा आ  एएनएम के जानकारियो देहल गइल बा। संगही बेसी से बेसी गर्भवती महिला लो के एह मुहिम से जोड़हु के ओह लो से अपील कइल गइल बा।

एक साल तक दिहल जा रहल बा सुविधा:

मातृ आ शिशु मृत्यु दर में कमी लेयावे खातिर गर्भावस्था में बेहतर देखभाल जरूरी होला। एमे प्रसव से पहिले जाँच से लेके पोषण के खेयाल राखल खास रूप से सामिल होला। संगही शिशु के स्वास्थ के एक साल तक बेहतर देखभाल के जरूरी मानल जाला जवना में शिशु के टीकाकरनो महत्वपूर्ण होला।  एकरा के धेयान में राखत किलकारी ऐप के मदद से एक साल तक हर हफ्ता फोन के माध्यम से सनेस प्रदान करे के प्रावधान बनावल गइल बा।

अइसे काम करेला ई एप:

किलकारी ऐप के सहायता से गर्भवती माता आ उनका शिशु के खास धेयान राखल जा रहल बा। एह एप के माध्यम से रजिस्टर्ड मोबाइल नंबर पs लगभग 72 गो मैसेज भेजल जाला। जेमे गर्भावस्था के दौरान बेहतर पोषण, प्रसव से पहिले जाँच आ बच्चन के टीकाकरण के समे के बारे में जानकारी दिहल जाला।

232860cookie-check“किलकारी” मोबाइल ऐप राख रहल बा गर्भवती महिला आ बच्चन के सेहत के ख्याल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.