भारत के वारेन बफेट के रूप में जानल जाए वाला बिग बुल राकेश झुनझुनवाला समर्थित बजट एयरलाइन कंपनी अकासा एयर अपने योजना के खुलासा क देहलस। एगो रिपोर्ट के मुताबिक, कंपनी के उड़ान सेवा जून महीना से शुरू भइले के संभावना बा।
अकासा एयर के मुख्य कार्यकारी विनय दुबे कहने कि आपन परिचालन शुरू करे खातिर एयरलाइन नागरिक उड्ययन मंत्रालय अउर नागरिक उड्ययन महानिदेशालय (डीजीसीए) से सब प्रासंगिक लाइसेंस प्राप्त करे खातिर तेजी से काम कs रहल बा। हालांकि ऊ एह तरे के कौनो जानकारी साझा नाइ कइले कि आखिर सेवा ई शुरूआत में कंपनी कौने शहर खातिर उड़ान शुरू करी।
गौरतलब बा कि पिछले साल नवंबर 2021 में आकासा एयर 72 बोइंग 737 मैक्स जेट विमान के ऑर्डर देहले रहल। रिपोर्ट के मुताबिक, कंपनी के लक्ष्य लॉन्च के एक साल के भितरे अपना बेड़ा में 18 विमान शामिल कइले के बा। एकरे संगही अकासा एयर पांच साल में अपने बेड़ा में 72 विमान शामिल कइले के योजना तैयार कइले बा। एमे कहल गइल बा कि कंपनी के आवे वाले महीना में विमान के पहिला बैच के डिलीवरी मिलले के संभावना बा।
राकेश झुनझुनवाला के अकासा एयरलाइन जून में भरी पहिला उड़ान
Published on: Mar 26, 2022
भारत के वारेन बफेट के रूप में जानल जाए वाला बिग बुल राकेश झुनझुनवाला समर्थित बजट एयरलाइन कंपनी अकासा एयर अपने योजना के खुलासा क देहलस। एगो रिपोर्ट के मुताबिक, कंपनी के उड़ान सेवा जून
Share
Tags:
Share this article






