असम पंचायत चुनावः 14 जिलन में पंचायत वोटिंग आज; एनडीए के बढ़त, कांग्रेस झोंकलस ताकत

Anurag Ranjan

सेंट्रल डेस्क: परिसीमन के बाद पहिला बेर असम के 27 जिलन में दु चरणन में पंचायत चुनाव हो रहल बा। एमे तिनसुकिया, डिब्रूगढ़, शिवसागर, माजुली आ जोरहाट जइसन अहम जिला सामिल बा। पहिला चरण के आज (सुक) जबकि दूसरका चरण के मतदान 7 मई के होई। 11 मई के नतीजा अइहे सs। मतदान सबेरे 7:30 बजे से सांझ 4:30 बजे तक चली। ओहिजा, वोटन के गिनती दुनु चरणन खातिर 11 मई के एक संगे होई।

पहिला चरण खातिर 14 जिलन में प्रचार के शोर बुध सांझ के थम गइल, आज वोटिंग होई। एमे तिनसुकिया, डिब्रूगढ़, शिवसागर, माजुली आ जोरहाट जइसन अहम जिला सामिल बा। चुनाव के एह पहोकरपड़ाव में एनडीए आ कांग्रेस के बीच सीधा टक्कर मानल जा रहल बा। एडनीए के ओर से जहां मुख्यमंत्री हिमंत बिस्वा शर्मा, केंद्रीय मंत्री सर्बानंद सोनोवाल आ भाजपा प्रदेश अध्यक्ष दिलीप सैकिया पूरा ताकत लगा रहल बा, ओहिजा कांग्रेस के ओर से गौरव गोगोई, भूपेन बोरा, प्रद्युत बोरदोलोई आ रकीबुल हुसैन मोर्चा संभाल रहल बा लो। चुनाव आयोग के ओर से बतावल गइल बा कि जदि कवनो मतदान केंद्र पs पुनर्मतदान के जरूरत पड़ल तs पहिला चरण खातिर 4 मई आ दूसरका चरण खातिर 9 मई के पुनर्मतदान करावल जाई।

एह 14 जिलन में आज होई मतदान

पहिला चरण 2 मई के आयोजित कइल जाई आ एमे राज्य के 14 जिलन में मतदान होई। एह चरण में सामिल जिलन में तिनसुकिया, डिब्रूगढ़, चराइदेव, शिवसागर, माजुली, जोरहाट, गोलाघाट, धेमाजी, लखीमपुर, सोनितपुर, विश्वनाथ, कछार, हैलाकांडी आ श्रीभूमि सामिल बा।

केकरा लगे केतना सीट, एनडीए के निर्विरोध बढ़त

अब तक के आंकड़ा एनडीए के पक्ष में भारी झुकाव दिखल रहल बा। 348 उम्मीदवार पहिलही निर्विरोध चुनल जा चुकल बा लो। एमे 325 सीट एनडीए के खाता में गइल।
भाजपा: 35 जिला परिषद + 259 आंचलिक परिषद
एजीपी: 2 जिला परिषद + 29 आंचलिक परिषद
विपक्ष कुछ जगहन पs सक्रिय रहल
निर्दलीयः 15 आंचलिक परिषद सीटें
कांग्रेस: 9 सीट
एआईयूडीएफ : 1 सीट

दूसरका चरण में कहां-कहां होई मतदान

7 मई के 13 जिलन में वोट डालल जाई। एमे धुबरी, दक्षिण सलमारा, मनकचर, गोलपारा, बोंगाईगांव, बारपेटा, बजाली, नलबाड़ी, कामरूप, कामरूप (मेट्रो), होजई, नगांव, मोरीगांव, दरांग सामिल बा। असम के 7 जिला छठा अनुसूची के अंतर्गत आवेला, जहां पंचायत के जगह स्वायत्त परिषदन के चुनाव होला।

केतना मतदाता? केतना केंद्र?

कुल मतदाता: 1,80,36,682
पुरुष: 90,71,264
महिलाएं: 89,65,010
अन्य: 408
कुल मतदान केंद्र: 25,007

Read Also: UPSSSC: अभ्यर्थियन के बड़ राहत, प्रारंभिक अर्हता परीक्षा में एक बेर सामिल होखे वाला तीन साल तक होई पात्र

Share This Article
Content Creator
Follow:
सिविल इंजीनियर, भोजपुरिया, लेखक, ब्लॉगर आ कमेंटेटर। खेल के दुनिया से खास लगाव। परिचे- एगो निठाह समर्पित भोजपुरिया, जवन भोजपुरी के विकास ला लगातार प्रयासरत बा। खबर भोजपुरी के एह पोर्टल पs हमार कुछ खास लेख आ रचना रउआ सभे के पढ़े के मिली। रउआ सभे हमरा के आपन सुझाव anuragranjan1998@gmail.com पs मेल करीं।
Leave a Comment