[the_ad_group id="30365"]

मनी लॉन्ड्रिंग ममिला : शिवसेना नेता संजय राउत के जेल हिरासत 14 दिन बढ़ल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मनी लॉन्ड्रिंग ममिला में जेल में बंद संजय राउत के जेल हिरासत 14 दिन खातिर बढ़ा दिहल गइल बा। एकरा पहिले प्रवर्तन निदेशालय सुक के शिवसेना सांसद संजय राउत के जमानत याचिका के विरोध करत दावा कइले रहे कि पात्रा चॉल दोबारा विकास परियोजना से जुड़ल धन शोधन में नेता महत्वपूर्ण भूमिका निभवले बाड़े आ ‘परदा के पीछे’ रह के काम कइले बाड़े। राज्यसभा सदस्य के एह ममिला में जुलाई में गिरफ्तार कइल गइल आ फिलहाल ऊ न्यायिक हिरासत में जेल में बंद बाड़े। ऊ विशेष पीएमएलए (धन शोधन निषेध कानून) अदालत में जमानत के अर्जी देले बाड़े। ईडी (प्रवर्तन निदेशालय) राउत के एह दलील के खारिज कइलस कि उनका खिलाफ कार्रवाई राजनीतिक बदला के रूप में कइल गइल बा।

जांच एजेंसी कहलस कि आरोपी अपना प्रॉक्सी आ करीबी सहजोगी प्रवीण राउत (सह-आरोपी) के माध्यम से अपराध में महत्वपूर्ण भूमिका निभवले बा। धन के लेन-देन से बांच खातिर ऊ (संजय राउत) परदा के पाछे से काम कर रहल बाड़े” ईडी पात्रा चॉल दोबारा विकास परियोजना में कथित वित्तीय अनियमितता के जांच कर रहल बिया। उपनगर गोरेगांव में स्थित सिद्धार्थ नगर, जवन पात्रा चॉल के नाम से लोकप्रिय बा, 47 एकड़ से बेसी जमीन में फइलल बा आ ओमे 672 किराएदार परिवार रहत रहे लो।

महाराष्ट्र आवासीय और क्षेत्रीय विकास प्राधिकरण (महाडा) 2008 में पात्रा चॉल के दोबारा विकास के काम एचडीआईएल से जुड़ल कंपनी गुरु आशीष कंस्ट्रेक्शन प्राइवेट लिमिटेड के सउपलस। निविदा के मोताबिक, कंस्ट्रक्शन कंपनी के किराएदारन खातिर 672 फ्लैट बनावे के रहे आ कुछ फ्लैट ओकरा महाडा खातिरो देवे के रहे। बाकी बचल जमीन ऊ निजी डेवलपर्स के बेच सकत रहे, बाकिर 14 साल बादो किराएदारन के एको फ्लैट ना मिलल काहेकि कंपनी पात्रा चॉल के दोबारा विकास ना कइलस आ सब जमीन के दूसर बिल्डरन के 1,034 करोड़ रुपिया में बेच देलस।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]