Bihar Politics: RJD प्रत्याशी बीमा भारती पड़ली ‘नरम’, का अब पघिल जाई पप्पू यादव के दिल; छोड़िहें पूर्णिया सीट?

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2024

Bihar News बिहार के पूर्णिया लोकसभा सीट पऽ घमासान छिड़ गइल बा। महागठबंधने के दुनु उम्मीदवार आमने सामने आ गइल बाड़े। आरजेडी प्रत्याशी बीमा भारती मैदान में डटल बाड़ी तऽ ओहिजा पप्पू यादवो कांग्रेस के

Share

Bihar News बिहार के पूर्णिया लोकसभा सीट पऽ घमासान छिड़ गइल बा। महागठबंधने के दुनु उम्मीदवार आमने सामने आ गइल बाड़े। आरजेडी प्रत्याशी बीमा भारती मैदान में डटल बाड़ी तऽ ओहिजा पप्पू यादवो कांग्रेस के झंडा लेके चुनाव में उतरे खातिर तइयार बाड़े। हालांकि बीमा भारती के सुर अब तनि नरम पड़ गइल बा। अब देखे के ई बा की पप्पू यादव के अगिला एक्शन का होई ?

बिहार में लोकसभा चुनाव से पहिले महागठबंधन में महाभारत छिड़ गइल बा। ए सियासी जंग के वजह बा पूर्णिया लोकसभा सीट जहां महागठबंधने के दुनु उम्मीदवार आमने-सामने आ गइल बाड़े । पप्पू यादव (Pappu Yadav) जहां कांग्रेस के झंडा लेके चुनावी मैदान में उतरे खातिर तइयार बाड़े, ओहिजा, आरजेडी के ओर से उम्मीदवार बीमा भारतीयो सीट छोड़े खातिर नइखी तइयार।

एही बीच अब बीमा भारती के ताजा बयान सामने आइल बा । समाचार एजेंसी पीटीआई से बात करत  उनकर सुर नरम दिखल। बीमा भारती के ए बयान के बाद अब सवाल उठ रहल बा कि का पप्पू यादव (Pappu Yadav) पूर्णिया सीट छोड़े खातिर तइयार होइहें। बाकिर, पप्पू यादव साफ कर देले बाड़े कि उऽ दुनिया छोड़ दिहें बाकिर पूर्णिया ना छोड़िहे।

बीमा दिहली बयान का पप्पू यादव होइहें नरम

बीमा भारती कहली कि पप्पू यादव हमार गार्जियन हउअन। बीमा भारती पप्पू यादव से पारिवारिक रिश्ता होखे के बात कहले बाड़ी। बीमा भारती से जब पूछल गइल कि का कांग्रेस नेता पप्पू यादव बिहार के पूर्णिया से उनका उम्मीदवारी के समर्थन करिहें ?

एपर बीमा भारती कहली कि कुछ लोग अफवाह फइला रहल बा कि उऽ हमार समर्थन ना करिहें आ उऽ एकर विरोध करिहें, बाकिर ई सांच बात नइखे। उऽ हमार अभिभावक हउअन आ रहिहें, हमनी के पारिवारिक रिश्ता बा आ हमनीं के मिल के पूर्णिया जीतब सन। बहुमत के साथे सीट जीतब सन।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.