[the_ad_group id="30365"]

रामनवमी पs इंदौर में बड़ हादसा, मंदिर में बावड़ी के छत ढहला से गिरले कइयन गो श्रद्धालु; अब तक 8 लोग के मौत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामनवमी के मवका पs इंदौर में एगो बड़ हादसा हो गइल बा। दरअसल, श्री बेलेश्वर महादेव झूलेलाल मंदिर में छत ढहला से कुछ श्रद्धालु बावड़ी में गिर गइल लो, ओ लोगन के बचावे के काम जारी बा। बतावल जा रहल बा कि अधिकारियन के एह बावड़ी के कवनो जानकारी ना रहे, हादसा के बाद ओह लोग के एकरा बारे में पता चलल बा। एह हादसा में अब तक 12 श्रद्धालुअन के बाहर निकालल जा चुकल बा। ओहिजा, बतावल जा रहल बा कि अब तक 8 लोगन के मौत हो गइल बा।

25 श्रद्धालु बावड़ी में गिरल लो

इंदौर के स्नेह नगर के लगे पटेल नगर में श्री बेलेश्वर महादेव झूलेलाल मंदिर में रामनवमी के मवका पs भारी संख्या में लोग दर्शन खातिर आइल रहे। एही दौरान बावड़ी के ऊपर के छत अचानक ढह गइल आ लगभग 25 लोग बावड़ी में गिर गइल।

हवन के दौरान ढह गइल छत

फिलहाल, घायल भइल लोगन के बचावे के काम जारी बा। निगम अफसरन के मोताबिक, बावड़ी 40 फीट गहिराह बा, ओह पs लोहा के जाली रहे। एकर चौड़ाई एगो कमरा के बराबर बा। लोहा के जाली पs स्लैब डालके एकर निर्माण कइल गइल रहे। हवन के दौरान बावड़ी के छत पs जादे लोगन के होखला से जाली टूट गइल आ हादसा हो गइल।

तंग गलियन के कारण बचाव के काम में हो रहल बा परेसानी

एह हादसा तुरंत बाद समूचा क्षेत्र में अफरा-तफरी मच गइल। बताया जा रहल बा कि तंग गलियन के होखला से राहत कार्य में तनिका परेसानी आ रहल बा। एंबुलेंस आ 108 के गाड़ी निकले में परेसानी हो रहल बा। बावड़ी में गिरल कुछ लोगन के जइसे-तइसे बाहर निकालल गइल बा। कलेक्टर आ प्रशासन के टीम सूचना मिलतही इहां पहुंच गइल लो।

15 लोगन के भइल रेस्क्यू

इंदौर के जिला कलेक्टर इलैयाराजा टी कहलें “पंद्रह लोगन के बचावल गइल बा आ आउर 4-5 लोगन के बचावे के बा। अगिला 30 मिनट में आउर लोगन के बचावल जाई। हमनी के धेयान सबसे पहिले बचाव कामन पs बा।”

बावड़ी में लोगन के पहुंचावल जा रहल बा ऑक्सीजन

घटनास्थल के इस्थिति बहुते खराब बा। हादसा के शिकार भइल लोगन के परिजनन के रो-रोके बुरा हाल बा। बतावल जा रहल बा कि बावड़ी में से महिला आ लईकी समेत 15 लोगन के बाहर निकालल जा चुकल बा। आउर लोगन खातिर ऑक्सीजन सप्लाई कइल गइल बा। हादसा के बादे से लोगन में बहुते आक्रोश बा। अभी ले कइयन गो लईका आ महिला लोग बावड़ी में फंसल बा। अधिकारियन द्वारा बतावल गइल कि एह हादसा में एगो महिला के मौतो हो गइल बा।

अधिकारियन के संगे संपर्क में सीएम चौहान

भोपाल में वरिष्ठ अफसर सीएम शिवराज सिंह चौहान के एह घटना के जानकारी दिहल लो, जवना के बाद सीएम अधिकारियन के संपर्क में बनल बाड़े। सीएम उहां मवजूद अधिकारियन के बचाव कार्य में तेजी ले आवे के आदेस देलें बाड़ें। मुख्यमंत्री कार्यालय, इंदौर जिला प्रशासन से निरंतर संपर्क में बा। बतावल जा रहल बा कि लगभग 25 लोग एमे गिरल रहे, जेमे ज्यादातर महिला रहे लोग।

पीएम जतवले चिंता 

बावड़ी हादसा के लेके पीएम मोदी ने चिंता व्यक्त कइले बाड़ें। ऊ ट्वीट के माध्यम से कहलें, “इंदौर में भइल हादसा से बहुते आहत बानी। सीएम चौहान शिवराज जी से बात कइनी आ इस्थिति के जानकारी लेनी। राज्य सरकार बचाव आ राहत के काम में तेजी से आगे बढ़ रहल बिया। हमार प्रार्थना सब प्रभावितन आ ओह लोगन के परिवार के संगे बा।”

अवैध रूप से बनावल गइल रहे मंदिर

स्नेह नगर के एगो निवासी के कहनाम बा कि बावड़ी पs मंदिर के निर्माण अवैध रूप से कइल गइल रहे। एकरा निर्माण में कुछ नेता लोगन के समर्थनो रहो। मंदिर के ज्यादातर हवन एही बावड़ी के ऊपर होखल करत रहे। एकरा के लेके पहिलहु कइयन बेर शिकायत कइल गइल रहे, बाकिर एकरा खिलाफ कवनो कार्रवाई ना कइल जात रहे।

साभार: दैनिक जागरण

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]