UPSSSC: अभ्यर्थियन के बड़ राहत, प्रारंभिक अर्हता परीक्षा में एक बेर सामिल होखे वाला तीन साल तक होई पात्र

By Anurag Ranjan

Published on: May 2, 2025

एजुकेशन डेस्क: राज्य सरकार समूह ‘ग’ तक के भर्तियन में आवेदन करे वाला नवहन के बड़ राहत देले बिया। उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग के ओर से आयोजित होखे वाला प्रारंभिक अर्हता परीक्षा (पीईटी)

Share

एजुकेशन डेस्क: राज्य सरकार समूह ‘ग’ तक के भर्तियन में आवेदन करे वाला नवहन के बड़ राहत देले बिया। उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग के ओर से आयोजित होखे वाला प्रारंभिक अर्हता परीक्षा (पीईटी) में एक बेर सामिल होखे वाला अभ्यर्थी अब तीन साल तक के भर्तियन में फार्म भरे खातिर पात्र होई लो। ई लाभ बरिस 2025 में भा फेर एकरा बाद आयोजित होखे वाला पीईटी में सामिल होखे वालन के मिली।

विशेष सचिव कार्मिक कुलदीप रस्तोगी एह संबंध में शासनादेश जारी करत आयोग के निरदेस भेज देले बाड़ें। एकरा खातिर 20 नवंबर 2020 के शासनादेश के संशोधित कs दिहल गइल बा। उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग समूह ‘ग’ तक के पदन पs भरती खातिर दु स्तरीय परीक्षा प्रणाली लागू कइले बा। प्रारंभिक अर्हता परीक्षा में सामिल होखे वालन के अभी ले एक साल के भर्ती परीक्षन में सामिल होखे खातिर पात्र मानल जात रहे। आयोग स्कोर माने पीईटी के वरीयताक्रम से आवेदन करे वालन के परीक्षा खातिर शार्टलिस्ट करेला।

उत्तर प्रदेश अधीनस्थ सेवा चयन आयोग चाहत रहे कि एक साल के स्थान पs एकरा के तीन साल कs दिहल जावs। एकरा आधार पs कार्मिक विभाग के प्रस्ताव भेजत अनुरोध कइल गइल रहे। कार्मिक विभाग एकरा के मंजूरी दे देले बा। एकरा आधार पs एक बेर पीईटी में सामिल होखे वाला तीन सालन तक भर्तियन खातिर आवेदन कs सकी लो। राज्य सरकार अइसन कs के अभ्यर्थियन के बड़ राहत देले बा।

Read Also: RR vs MI: दूसरका बड़ हार के संगे प्लेऑफ के दौड़ से बाहर राजस्थान, 2012 के बाद मुंबई के जयपुर में पहिला जीत

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.