[the_ad_group id="30365"]

कोरोना के नया लहर डेरावे वाला, 11 राज्यन में नया  वैरिएंट XBB1.16 के 610 मरीज पावल गइल

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

भारत में कोरोना फेर से डरावे लागल बा। INSACOG के आंकड़न के मोताबिक, देस भर में कोविड के XBB.1.16 वैरिएंट के कुल 610 ममिला पावल गइल बा। हाले में कोरोना के नया ममिलन में जवन बढ़न्ती भइल बा, ओमे एह वैरियंट के कारण संक्रमित भइल लोग हो सकत बा।

महाराष्ट्र आ गुजरात में मिलल नया वैरिएंट के सबसे अधिका ममिला

नया ममिलन के जांच खातिर 11 राज्यन आ केंद्र शासित प्रदेशन से सैंपल लिहल गइल रहे। INSACOG के रिपोर्ट में सामिल आंकड़न के मोताबिक, एह वैरिएंट के कारण सबसे जादे कोरोना के ममिला महाराष्ट्र आ गुजरात में पावल गइल बा। इहां एकर संख्या 164 बा। तेलंगाना में 93 आ कर्नाटक में 86 ममिला पावल गइल बा। XBB 1.16 वैरिएंट पहिला बेर जनवरी में पावल गइल रहे जब दु गो टेस्ट करे पs दु गो नमूना एह वैरिएंट के कारण पॉजिटिव पावल गइल रहे। भारत में हाले में COVID-19 ममिलन में तेजी देखल जा रहल बा।

सोमार के सामने आइल एतना ममिला

स्वास्थ्य मंत्रालय के सोमार के अपडेट कइल गइल आंकड़न के मोताबिक, भारत में 1,805 नया कोरोनो वायरस ममिला दर्ज कइल गइल, जबकि सक्रिय ममिला 134 दिनन के बाद 10,000 के आंकड़ा पार कs लेले बा। बता दीं कि दिल्ली, महाराष्ट्र, गुजरात समेत दोसर राज्यन में कोविड के मरीजन के ग्राफ बढ़त जा रहल बा। कोरोना के पॉजिटिविटी रेट बढ़के 3.19 हो गइल बा। ओहिजा राजधानी दिल्ली में कोरोना के केसन में उछाल आइल बा।

दिल्ली में लगातार मिल रहल बा कोरोना के मरीज

दिल्ली में अतवार के कोरोना के 153 नया ममिला सामने आइल रहे, जबकि डेली पॉजिटिविटी रेट बढ़के 9.13 प्रतिशत तक पहुंच गइल रहे। एकरा पहिले सनीचर तक डेली पॉजिटिविटी रेट 4.98 प्रतिशत रहे आ 139 नया केस दर्ज कइल गइल रहे। एकरा पहिले अतवार के भारत में कोरोना के 1,890 नया केस दर्ज कइल गइल रहे। एतना मरीज 149 दिन बाद दर्ज कइल गइल रहे लो। स्वास्थ विभाग के मोताबिक दिल्ली में कोरोना के लगातार मरीज मिल रहल बा लो। सुक के डेली पॉजिटिविटी रेट 6.66 प्रतिशत रहे आ 152 मरीज रहे लो। बियफे के 117 केस आइल रहे आ 4.95 प्रतिशत डेली पॉजिटिविटी रेट रिकॉर्ड कइल गइल रहे। दिल्ली में बुध के पॉजिटिविटी रेट 5.08 प्रतिशत रहे आ 84 कोरोना वायरस केस मिलल रहे। एही तरे मंगर के 5.83 पॉजिटिविटी रेट रहे आ 83 ममिला दर्ज कइल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]