Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Health Tips: कहीं रउओ तs नइखी खा रहल केमिकल से पकावल गइल तरबूज, एह तरे से करीं पहचान

Health Tips: गरमी के मौसम में तरबूज सबसे जादे खाइल जाये वाला फलन में से एगो हs। बाकिर का रउआ कबो एह बात पs गौर कइले बानी कि राउर तरबूज प्राकृतिक रूप से पकल बा कि एमे कवनो केमिकल के मिलावट कइल गइल बा।

1,865

Health Tips: बदलत समय के संगे ना खाली हमनी के जिनगी जिये के तरीका में बदलाव आइल बा बलूक अगरी-कगरी के सब चीजन में बदलाव देखे के मिल रहल बा। सब्जियन से लेके अनाज आ फलन तक हर चीज में मिलावट देखे के मिल रहल बा। तरबूजो एह मिलावट से अछूत नइखे। गरमी के मौसम में तरबूज सबसे जादे खाइल जाये वाला फलन में से एगो हs। बाकिर का रउआ कबो एह बात पs गौर कइले बानी कि राउर तरबूज प्राकृतिक रूप से पकल बा कि एमे कवनो केमिकल के मिलावट कइल गइल बा।

रंग ले आवे खातिर एरिथ्रोसिन के इस्तेमाल

तरबूज में इस्तेमाल होखे वाला सबसे जहरीला डाई में से एगो हs एरिथ्रोसिन। ई एगो गुलाबी रंग के डाई हs, जवना के इस्तेमाल जादेतर खाना में रंग ले आवे खातिर कइल जाला। FSSAI भा भारतीय खाद्य सुरक्षा आ मानक प्राधिकरण लोगन के एह खतरनाक मिलावट के बारे में जागरुक करे खातिर एगो वीडियो जारी कइले बा, जेमे बतावल गइल बा कि रउआ तरबूज में मिलावट के पता कइसे लगा सकत बानी।

वीडियो में बतावल गइल बा कि तरबूज के दु हिस्सन में काटीं आ गूदा पs कॉटन बॉल के मदद से डाई के जांच करीं। जदि कॉटन बॉल के रंग बदलत बा, तs एकर मतलब बा कि फल में केमिकल डाई के मिलावट कइल गइल बा। जदि अइसन नइखे होत तs एकर मतलब बा कि तरबूज प्राकृतिक रूप से पकल बा। तरबूज के लाल करे खातिर धड़ल्ले से इस्तेमाल कइल जाये वाले एरिथ्रोसिन के देह पs बहुते गंभीर प्रभाव पड़ सकत बा।

एरिथ्रोसिन नर्वस सिस्ट के प्रभावित कs सकत बा

एगो अध्ययन में पावल गइल बा कि एह डाई के लमहर समय तक उपयोग बचपन के बेवहार, थायरॉइड फ़ंक्शन समेत आउर गंभीर जटिलतन के जन्म दे सकत बा। ओहिजा रंग के अलावे एकरा स्वाद के आर्टिफिशियल तरीका से बढ़ावल जात बा, जवना खातिर कार्बाइड नाम के केमिकल के मिलावल जाला।

जल्दी पकावे खातिर होला कार्बाइड के इस्तेमाल

फलन में कार्बाइड के उपयोग आमतौर पs उत्पादकन द्वारा कइल जाला, जे किसानन से कच्चे किन लेला लो आ मुनाफा कमावे खातिर ओकरा के जबरदस्ती पकावेला लो। तरबूज किनत घरी रउओ एहपर कुछ उजर पाउडर जइसन लउके, तs समझ जाई कि ई कार्बाइड हs। जदि रउआ अगिला बेर फलन पs कार्बाइड लउके, जइसे कि आम आ केला में प्रयोग कइल जाला, तs एकरा के काटे से पहिले निमन तरे से साफ कs लीं।

कार्बाइड के सेवन से होखे वाला संभावित दुष्प्रभाव

कार्बाइड नेचर में अत्यंत जहरीला होला आ एकर अधिक मात्रा मनुष्य खातिर बहुते हानिकारक हो सकत बा। एसे सिरदर्द, त्वचा पs चकत्ता हो सकत बा। संगही फेफड़न के नुकसान हो सकत बा। ई देह के नर्वस सिस्टम के प्रभावित करेला आ बेहोशी, दौरा अइला के कारण बनेला, कइयन बेर एकर दुष्परिणाम लोगन के कोमा तक में धकेल सकत बा। एहिसे अइसन फलन के सेवन से रउआ बचे के चाहीं।

बिना मौसम फलन के सेवन से बचीं

हेल्थ एक्सपर्ट्स के मानीं तs अइसन फल आ सब्जियन के मत किनी, जवन मौसम में उपलब्ध नाक होला। काहेकि एह दौरान उत्पाद से जादे मांग होला, जवना के आपूर्ति खातिर विक्रेता जबरदस्ती केमिकल्स के इस्तेमाल कs के एकरा के उगावे आ पकावे ला लो। ओहिजा मौसमी फल आ सब्जियन के किनत घरी ओकरा के काटने से पहिले हर बेर बढ़िया तरे धो लीं। एकरा अलावे एकरा के किने से पहिलहु भोजन के ताजगी के जांच करीं।

532500cookie-checkHealth Tips: कहीं रउओ तs नइखी खा रहल केमिकल से पकावल गइल तरबूज, एह तरे से करीं पहचान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.