Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

World Wrestling Championship: पहलवान बजंरग पूनिया जीतले कांस्य, भारत दु पदकन के संगे खतम कइलस अभियान

478

ओलंपिक ब्रॉन्ज मेडलिस्ट आ 2022 कॉमनवेल्थ गेम्स गोल्ड मेडलिस्ट बजरंग पूनिया वर्ल्ड रेसलिंग चैंपियनशिप में कांस्य पदक अपना नामे कइले बाड़े। ई विश्व कुश्ति चैंपियनशिप में भारत के दूसरका पदक रहल। एकरा पहिले महिला पहलवान विनेश फोगाट कांस्य पदक जीतले रहली।

बजरंग 65 किलोग्राम भार वर्ग में कांस्य पदक के मैच में पुएर्टो रिको के सेबस्टियन रिवेरा को 11-9 से हरा देले। एकरा पहिले बजरंग के क्वार्टर फाइनल में यूएसए के जॉन दियाकोमिहालिस हरा देले रहस।  फेर रेपचेज के जरिए बजरंग कांस्य पदक के मैच में पहुंचले आ और जीत हासिल कइले। प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी दुनो खेलाड़ियन के पदक जीतला प शुभकामना देले बाड़े।

बजरंग पूनिया कइले जबरदस्त वापसी

रेपचेज के पहिला मैच में बजरंग आर्मेनिया के वेजगेन तेवान्यान के कड़ा टक्कर में हरवले। बजरंग अपना अभियान के शुरुआत अपना पहिला मुकाबला में माथा के चोट के संगे कइले रहस। समूचा टूर्नामेंट में ऊ कुछ खास ना लउकले, बाकिर अपना विरोधियन के मात देवे आ भारत खातिर पदक जीते खातिर महत्वपूर्ण क्षण में अपना अनुभव के इस्तेमाल कइले। ओलंपिक ब्रॉन्ज मेडलिस्ट वर्ल्ड रेसलिंग चैंपियनशिप के कांस्य पदक के प्लेऑफ मैच में 6-0 से पाछे चलत रहले।  एकरा बाद बजरंग वापसी कइले आ 11-9 से जीत हासिल कइले।

बजंरग के वर्ल्ड रेसलिंग चैंपियनशिप में रिकॉर्ड

विश्व कुश्ती चैंपियनशिप में बजरंग पुनिया के ई चउथा पदक ह। बजरंग 2013 में कांस्य, 2018 में रजत आ 2019 में फेर से कांस्य जीतले। बजरंग पुनिया एह वैश्विक आयोजन में चार पदक जीते वाला एकमात्र भारतीय पहलवान बाड़े। भारत विश्व कुश्ती अभियान के दु गो कांस्य पदक के साथे समाप्त कइले। बजरंग से पहिले विनेश फोगट महिला लोगन के 53 किलोग्राम वर्ग में कांस्य पदक जीतले रहली।

टूर्नामेंट में बाकी भारतीय पहलवानन के हाल

एकरा पहिले निशा दहिया (68 किग्रा), सागर जगलान (74 किग्रा) आ नवीन मलिक (70 किग्रा) कांस्य पदक के निचिका आइल लो, बाकिर ऊ आपन-आपन पदक मुकाबला हार गइल लो। ओहिजा, ओलंपिक सिल्वर मेडलिस्ट आ कॉमनवेल्थ गेम्स गोल्ड मेडलिस्ट रवि दहिया के टूर्नामेंट के शुरुआत में झटका लागल रहे। ऊ प्री-क्वार्टर फाइनल राउंड में हार गइल रहस। उनका विनेश आ बजरंग के जइसन रेपेचेज खेले के मवको ना मिलल। भारत चैंपियनशिप खातिर गेको-रोमन, फ्रीस्टाइल आ महिला कुश्ती के तीस श्रेणियन में कुल तीस पहलवान भेजले रहे आ खाली दु गो पदक जीतले।

335430cookie-checkWorld Wrestling Championship: पहलवान बजंरग पूनिया जीतले कांस्य, भारत दु पदकन के संगे खतम कइलस अभियान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.