Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Work From Home: कोरोना के नया वेरिएंट बढ़वलस भारत में चिंता, ‘वर्क फ्रॉम होम’ पs विचार करे लगली सs कंपनी 

4,261

Work From Home Return 2022: जदि रउआ कोरोना महामारी (Corona Pandemic) के समय पहिलहू वर्क फ्रॉम होम (Work From Home) के बीच ऑफिस खातिर काम कs चुकल बानी, तs एक बेर फेर रउआ एकरा खातिर तइयार होखे के जरूरत बा।

हो सकत बा रउआ ऑफिस से जल्दिये अपना वर्क फ्रॉम होम के आदेस मिल सकत बा। अबकी बेर एकरा पीछे के कारण कोरोना महामारिये बा। मालूम होखे कि चीन सहित कुछ देसन में कोरोना वायरस के नया वेरिएंट (Coronavirus New Variant) के कारण अइसन दोबारा होखे के आसार दिख रहल बा।

कर्मचारियन में चिंता के माहौल

कोरोना वायरस के नया वेरिएंट (BF7 Covid Variant) के बढ़त ममिलन के बीच भारत में एह महामारी के अगिलका लहर के लेके चिंता बढ़ गइल बा। कोविड-19 से संक्रमण से बचला के लेके भारतीय उद्योग जगत सतर्क हो गइल बा। देस के कइयन गो कंपनी एक बेर फेर ‘वर्क फ्रॉम होम’ (WFH) माने कर्मचारियन के घर से काम करे के इजाजत देवे के विकल्प पs विचार कर रहल बाड़ी सs। आदेस में कोरोना संक्रमण के चलते हालात बिगड़त बा तs टूरिज्म, हॉस्पिटेलिटी, रियल एस्टेट सेक्टर के कंपनी कर्मचारियन के वर्क फ्रॉम होम दे सकत बाड़ी सs।

लाइफस्टाइल पs पड़ेला प्रभाव

कोविड हमनी के लाइफस्टाइल (Lifestyle) के काफी हद तक खराब कs देले बा। कोविड के समय में देस के कइयन गो बड़ कंपनी वर्क फ्रॉम होम (Work From Home) के अपनवले रहली सs। वर्क फ्रॉम होम के दौरान घंटन-घंटन तक लैपटॉप-कंप्यूटर के सोझा बइठल रहला से कर्मचारियन के कइयन तरह के शारीरिक समस्या (Work From Home Side Effects) होखे लागल रहे। कोविड महामारी के कारण अप्रिल 2020 से 2 बरिसन के दौरान कइयन गो कंपनी कर्मचारियन के घर से काम करे के कहलें, बाकिर हालात में सुधार होखला के बाद पिछला कुछ तिमाहियन में कर्मचारियन के ऑफिस आवे के मवका दिहल गइल।

यात्रियन खातिर अनिवार्य कोविड टेस्ट 

मीडिया रिपोर्ट के मोताबिक, केंद्र सरकार पिछला हफ्ता से दिल्ली अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा (IGI Airport) पs चीन, जापान, दक्षिण कोरिया, हांगकांग आ थाईलैंड से आवे वाला सब यात्रियन खातिर कोविड -19 परीक्षण के फेर से अनिवार्य कs दिहल गइल बा। कोविड के खबर अइसन समय में आइल बा जब पहिलही वैश्विक मंदी के आशंका के लेके कंपनी नया भर्ती नइखी करत सs।

421240cookie-checkWork From Home: कोरोना के नया वेरिएंट बढ़वलस भारत में चिंता, ‘वर्क फ्रॉम होम’ पs विचार करे लगली सs कंपनी 

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.