[the_ad_group id="30365"]

नेपाल के बाद अब अमेरिका में भईल बड़ विमान हादसा, कई लोगन के मउत आ जंगल में लागल भीषण आग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नेपाल के बाद अब अमेरिका में भी एगो बड़ विमान दुर्घटना के खबर सामने आ रहल बा। हादसा एतना भयावह रहे कि दुर्घटना स्थल के जंगल में भारी आग लाग गईल। अइसना में आशंका बा कि एहिजा बहुते लोग के मउत हो सकेला. हालांकि अबे ले मरेवाला के सही संख्या के बारे में पता नईखे चलल। ई दुर्घटना अमेरिका के व्योमिंग राज्य में भइल जहाँ एगो विमान दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.  जंगल में भारी आग लाग गईल जवना में सवार बहुत लोग के मउत हो गईल। अधिकारी इs जानकारी शुक के देले। एकरा से पहिले नेपाल में हाल ही में रनवे पs एगो बड़ विमान दुर्घटना भईल रहे, जवना में १८ जने के मउत हो चुकल रहे।

कैंपबेल काउंटी के अधिकारी सोशल मीडिया पs एगो पोस्ट में बतवले कि, इs दुर्घटना दुपहरिया 1 बजे के आसपास भईल, जब विमान व्योमिंग के सीमा के नजदीक जिलेट शहर के ऊपर उड़त रहे। उs कहले कि दुर्घटना में मरेवाला लोग के संख्या अबे ले साफ नईखे भईल। कैंपबेल काउंटी के अंडरशेरिफ क्वेंटिन रेनॉल्ड्स ने ‘जिलेट न्यूज रिकॉर्ड के बतवले कि दुर्घटना से पहिले पायलट आपातकालीन संदेश भेजले रहले कि विमान में कुछ गड़बड़ी बा।

दुर्घटना स्थल पs भारी आग आ धुआं

रेनॉल्ड्स बतवले कि बाद में इलाका के लोग फोन कs के संभावित दुर्घटना स्थल के नजदीक धुआं बढ़त देख के रिपोर्ट कईले। अधिकारी के मुताबिक विमान के दुर्घटना से जिलेट के आसपास के जंगल में भारी आग लाग गईल। उs कहले कि विमान के मदद से इलाका में पानी के छिड़काव कs आग के लपट के नियंत्रित करे के प्रयास कईल जाता। स्थानीय अधिकारी बतवले कि राष्ट्रीय परिवहन सुरक्षा बोर्ड दुर्घटना के जांच खातीर मौका पs टीम भेजले बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]