7th Pay Commission: तीन फीसदी बढ़ा महंगाई भत्ता, केंद्रीय कर्मचारियन DA अब 34 प्रतिशत

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 30, 2022

केंद्र सरकार लाखों केंद्रीय कर्मचारियन खातिर बड़ी खुशखबरी के ऐलान कs देहले बा। मोदी कैबिनेट के बैठक में आजु केंद्रीय कर्मचारियन खातिर महंगाई भत्ता 3 गुना बढ़वले के ऐलान कs देहल गइल बा। सब केंद्रीय

Share

केंद्र सरकार लाखों केंद्रीय कर्मचारियन खातिर बड़ी खुशखबरी के ऐलान कs देहले बा। मोदी कैबिनेट के बैठक में आजु केंद्रीय कर्मचारियन खातिर महंगाई भत्ता 3 गुना बढ़वले के ऐलान कs देहल गइल बा। सब केंद्रीय कर्मचारियन के बढ़ल महंगाई भत्ता के लाभ 01 जनवरी 2022 से मिली। एह वित्तीय वर्ष के अंतिम कैबिनेट बैठक आजु 30 मार्च 2022 के भइल। बैठक में 3 फीसदी डीए बढ़वले पर मंजूरी देहल गइल बा। ई मंजूरी मिलले के बाद कर्मचारियन के मार्च वेतन के साथ नया महंगाई भत्ता के साथ जमा कइल जाई। महंगाई भत्ता में बढ़ौती के साथे-साथे जनवरी-फरवरी के बकायो देहल जाई।

50 लाख से बेसी कर्मचारियन के फायदा

मोदी सरकार द्वारा महंगाई भत्ता में बढ़ोतरी के ऐलान कइले के बाद 50 लाख से बेसी केंद्रीय कर्मचारियन अउर 65 लाख पेंशनभोगियन के फायदा होई। एकरे बाद अब अगले महंगाई भत्ता के गणना जुलाई 2022 में कइल जाई। AICPI-IW (औद्योगिक श्रमिकों खातिर अखिल भारतीय उपभोक्ता मूल्य सूचकांक) के दिसंबर 2021 के आंकड़ा जारी कs देहल गइल बा। एकरे मुताबिक दिसंबर में ई आंकड़ा 0.3 अंक गिर के 125.4 अंक पर आ गइल। नवंबर में ई आंकड़ा 125.7 अंक रहल अउर दिसंबर में 0.24 फीसदी कमी आइल, लेकिन एकर महंगाई भत्ता में बढ़ोतरी पर कौनो असर नाइ पड़ल बा। श्रम मंत्रालय के एआईसीपीआई आईडब्ल्यू के आंकड़ा के बाद तय भइल बा कि एह बेर महंगाई भत्ता में 3 फीसदी के बढ़ोतरी कइल जाई।

 

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.