[the_ad_group id="30365"]

सीवान: रामनवमी के लेके सांति समिति के बइठक

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

रामनवमी के लेके सांति समिति के बइठक

सीवान (रघुनाथपुर): थाना परिसर में सुक के प्रभारी दया नन्द ओझा के नेतृत्व में रामनवमी को लेके सांति शांति समिति के बइठक कइल गइल। एह आयोजन में पंचायत प्रतिनिधी आ ग्रामीण लोग बढ़ चढ़ के हिस्सा लिहल। श्री ओझा अपना सम्बोधन में कहनी कि हिन्दू के पवित्र परब में कवनो तरे के अश्लीलता के बरदास्त ना कइल जाई। क्षेत्र के कवनो यज्ञशाला आ मंदिरन में ध्वनि प्रदूषण सार्वजनिक रूप से प्रतिबन्ध बा। एह  अवसर पs सब तरे से डीजे आ अश्लील गीत बजावल जाई। एह अवसर पs ध्वनि प्रदूषण ला जिला अनुमंडल से परमिशन लेहल जरूरी बा। एह अवसर पs जरूरी निरदेस के दरकिनार होखला पs कानूनी करवाई हो सकेला। मवका पs सी आई महाबीर मांझी , पु स अनि संजय कुमार सिंह , जय प्रकाश सिंह , शनि कुमार , मुखिया विमलेश प्रसाद , गणेश मलाह , फिरोज खान , अरविन्द कुमार पान्डेय आ आउर  ग्रामीण मवजूद रहे लो।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]