Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नेपाल में संपन्न भइल आम चुनाव खातिर मतदान, कई जगह भइल गोलीबारी में 42 लोग घाही

1,036

पड़ोसी राष्ट्र नेपाल में अतवार के भइल प्रतिनिधि सभा अउर प्रांतीय विधानसभा के सदस्यन खातिर मतदान छिटपुट घटना के छोड़ के शांतिपूर्ण ढंग से संपन्न हो गइल। रूपनदेही में जहां 66 फीसदी मतदान भइल, उहवें नवलपरासी में 46 प्रतिशत मतदान रिकार्ड कइल गइल। मिलल जानकारी के मुताबिक कहीं मतपेटी तुड़ले के घटना भइल त कहीं उपद्रवी कुल माहौल के अशांत करे के कोशिश कइलें सब। मतदान के दौरान देश भर के कुछ मतदान केंद्रन पर झड़प भी भइल। मतदान के दौरान 25 जगह पर फायरिंग भइल जेसे 42 लोग घाही हो गइल।

59 कैदी सब कइलें मतदान

नेपाल रूपनदेही भैरहवा जिला कारागार के 59 बंदी सब मतदान कइलें। अतवार के 455 बंदियन में से 59 बंदी लोग वोट देहल। मतदान अधिकारी गंगा प्रसाद बतवलें कि जेल में वोट खातिर व्यवस्था कइल गइल। ऊ कहनें कि मतदाता सूची में शामिल बंदियन के वोट डरले के मौका दिहल गइल।

बैलेट बॉक्स जरवले के बाद चितवन में हवाई फायरिंग

नेत्र विक्रम चंद बिप्लव के नेतृत्व में नेपाल कम्युनिस्ट पार्टी के कार्यकता सब चितवन में मतपेटियन के जरा दिहलें। उपद्रवियन के हटावे खातिर पुलिस गोली चलवलस। अतवार बिहाने करीब दस बजे राप्ती नगर पालिका-8 स्थित ब्रह्मस्थान नेशनल बेसिक स्कूल के बी मतदान केंद्र पर बिप्लवा के नेतृत्व वाले सीपीएन कार्यकर्ता लोग मतपेटियों में आग लगा दिहलस। चितवन के डीएसपी सूदन आचार्य बतवलें कि ‘बी’ मतदान केंद्र के चार मतपेटियों में से एगो के जरा दिहल गइल बा। मतपत्र नाइ जsरल।

387110cookie-checkनेपाल में संपन्न भइल आम चुनाव खातिर मतदान, कई जगह भइल गोलीबारी में 42 लोग घाही

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.