Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पीयू छात्र संघ चुनाव में डालल गइल 54.38 प्रतिशत वोट, महिला कॉलेज के छात्रा लोगन में दिखल बेसी उत्साह

पटना वीमेंस कॉलेज के एंट्रेंस प उम्मीदवारन के परचा बिखरल रहे। कॉलेज गेट पर स्प्रे पेंट से उम्मीदवारन के नाम लिखल गइल रहे। ओहिज कॉलेज में एंट्री करत घरी उम्मीदवारन के चीट दिहल जात रहे आ बैलेट नंबर बतावल जात रहे। छात्रा लोग 7.30 बजे से ही कॉलेज में अपना पोलिंग बूथ के लगे पहुंच गइल रहे लो।

1,292

पटना यूनिवर्सिटी छात्र संघ चुनाव फायरिंग के संगे छिटपुट घटना के बीच संपन्न भइल। सनीचर के भइल चुनाव में कुल 54.38 प्रतिशत मतदान भइल। पिछला बेर के दु छात्र संघ चुनाव में अबकी बेर सबसे कम वोटिंग भइल। पिछला चुनाव के तुलना में अबकी बेर 4.21 प्रतिशत वोट कम पड़ल। सात दिसंबर 2019 के भइल छात्र संघ चुनाव में 58.59 प्रतिशत मतदान भइल रहे।  ओहिजा, पांच दिसंबर 2018 के चुनाव में कुल 57.9 प्रतिशत पोल भइल रहे। दु बेर के छात्र संघ चुनाव के तुलना में अबकी बेर कम वोट पोल भइल।

वोटर लिस्ट में 24523 छात्र-छात्रा लोगन के नाम रहे

वोटर लिस्ट में 24523 छात्र-छात्रा लोगन के नाम रहे, जेमे 13337 वोट पड़ल। कुल 51 बूथ प पांच सेंट्रल पद अध्यक्ष, उपाध्यक्ष, सचिव, महासचिव आ कोषाध्यक्ष समेत 26 काउंसेलर पद खातिर वोट पड़ल। सबसे बेसी वोट अबकी बेर कला आ शिल्प महाविद्यालय में 81.9 प्रतिशत पोल भइल। टोटल 221 वोट में से 181 वोट पोल भइल। ओहिजा, सबसे कम पटना लॉ कॉलेज में 32.29 प्रतिशत वोट पोल भइल। इहां 387 वोट में से 125 वोट पड़ल।

पीडब्ल्यूसी में 72 प्रतिशत भइल मतदान

पटना वीमेंस कॉलेज के एंट्रेंस प उम्मीदवारन के परचा बिखरल रहे। कॉलेज गेट प स्प्रे पेंट से उम्मीदवारन के नाम लिखल गइल रहे। ओहिजा कॉलेज में एंट्री करत घरी उम्मीदवारन के चीट दिहल जात रहे आ बैलेट नंबर बतावल जात रहे। छात्रा लोग 7.30 बजे से कॉलेज में अपना पोलिंग बूथ के लगे पहुंच गइल रहे लो। सबेरे आठ बजके बीस मिनट से वोटिंग स्टार्ट हो गइल रहे। पूरा कॉलेज में सात पोलिंग बूथ बनावल गइल रहे, जवना के डिपार्टमेंट वाइज बांटल गइल रहे। छात्रा लोगन के लमहर-लमहर कतार देखे के मिलल। सब छात्रा अपना पारी के इंतजार करत लउकल लो। कुछ अपना दोस्तन के संगे प्रत्याशियन के बारे में बात करत रहे लो। कुछ प्रेसिडेंट के लेके असमंजस में रहे लो त कुछ फीमेल प्रत्याशियन के वोट करे के बात करत रहे लो। जवन छात्रा पहिला बेर वोट करत रहे लो ऊ जादे एक्साइटेड लउकल लो। दिन के दु बजे तक वोटिंग समाप्त हो गइल रहे। कॉलेज में कुल वोटर 5355 छात्रा रहे लो जेमे 3682 छात्रा आपन वोट डालल लो। कुल 72 प्रतिशत के वोटिंग भइल।

मगध महिला कॉलेज में 58.94 प्रतिशत भइल मतदान

मगध महिला कॉलेज में कुल आठ पोलिंग बूथ डिपार्टमेंट वाइज बांटल गइल रहे। बूथ नंबर छव में सबेरे 8.10 बजे से वोटिंग सुरू भइल जबकि आउर बूथन प 8.30 बजे से वोटिंग भइल। वोटिंग करे आइल छात्रा लोग बतावल लो कि जवन प्रत्याशी लोग काम करे के वादा कइले बा लो ओकरे के वोट करे वाला बा लो। कॉलेज में सबेरे 10 बजे के बाद बूथ 12 आ 14 में सबसे बेसी छात्रा लोगन के भीड़ लउकल। संगही वोट डाले से पहिले एक-दूसरा से वोट के लेके बात करत दिखल लो। वोटिंग कर चुकल छात्रा में कवनो कन्फ्यूजन ना होखे एहिसे सबका अंगूठा प भा अंगूरी प मार्कर से वोटिंग मार्क लगावल गइल। कॉलेज में कुल वोटर 3488 छात्रा रहे लो जेमे 2056 छात्रा लोग वोट कइल।

वीमेंस ट्रेनिंग कॉलेज में 68.34 प्रतिशत वोटिंग

वीमेंस ट्रेनिंग कॉलेज में चुनाव के लेके छात्रा लोगन में बहुते जोश देखे के मिलल। सबेरे आठ बज के बीस मिनट प वोटिंग सुरू भइल बाकिर छात्रा लो 11 बजे के बाद से बेसी संख्या में लउकल लो। कॉलेज में कुल वोटर 199 छात्रा रहे लो जेमें 136 छात्रा वोट कइल लो। कुल 68.34 प्रतिशत वोटिंग भइल। एह दौरान कॉलेज में कड़ा सुरक्षा के पूरा इंतजाम रहे।

साभार: प्रभात खबर

385830cookie-checkपीयू छात्र संघ चुनाव में डालल गइल 54.38 प्रतिशत वोट, महिला कॉलेज के छात्रा लोगन में दिखल बेसी उत्साह

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.