Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

नीतीश कुमार के संजय जायसवाल के अल्टीमेटम, 13 दिसंबर तक देस 10 लाख नौकरी, ना त ना चले देम सदन

नीतीश कुमार के संजय जायसवाल के अल्टीमेटम, 13 दिसंबर तक देस 10 लाख नौकरी, ना त ना चले देम सदन बिहार में BTET आ CTET पास बेरोजगारन के लड़ाई अब भाजपा लड़ी। भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल आज बेरोजगारन से पार्टी के प्रदेश कार्यालय में मुलाकात कइलें आ ओह लोगन के आश्वासन देले कि अब ओह लो के लड़ाई भाजपा लड़ी। 

713

बिहार में BTET आ CTET पास बेरोजगारन के लड़ाई अब भाजपा लड़ी। भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल आज बेरोजगारन से पार्टी के प्रदेश कार्यालय में मुलाकात कइलें आ ओह लोगन के आश्वासन देले कि अब उनकर लड़ाई भाजपा लड़ी। संगही ऊ नीतीश कुमार के चुनौती देले कि 13 दिसंबर के भाजपा रोजगार के मुद्दन पs अब सदन में जबाव मांगी। जदि 13 दिसंबर से पहिले नौकरी ना दिहल गइल तs भाजपा सदन के ना चले दी।

 

लड़ाई अब भाजपा लड़ी

बेरोजगारन के साथे बैठक के बाद पत्रकारन से बात करत प्रदेश अध्यक्ष संजय जायसवाल कहलें कि संजय जायसवाल आगे कहलें कि B.TET आ C.TET पास अभ्यर्थियन के लड़ाई अब भाजपा लड़ी आ नीतीश कुमार के हमनी के आगे झुकही के पड़ी। जायसवाल कहलें कि नीतीश कुमार खाली ओह लोगन के नियुक्ति पत्र बांटे में लागल बाड़ें, जेकर जॉइनिंग महीनन पहिलही हो चुकल बा।

नौकरी देवे में वर्तमान सरकार फिसड्डी

ऊ कहलें कि जुवा लोगन के नौकरी देवे में वर्तमान सरकार फिसड्डी बिया। नीतीश कुमार खाली नौकरी देवे के दिखावा कर रहल बाड़ें। इहे वजह बा कि अपना सहजोगी तेजस्वी यादव के साथे मिलके ऊ अइसन पुलिस कर्मियन के नियुक्ति पत्र बांट रहल बाड़ें, जे अपना ड्यूटी से फुर्सत निकालके बर्दी पहिने जॉइनिंग लेवे पहुंच रहल बा।

सदन के शान्ति से चले ना दिहल जाई 

ऊ कहलें कि राजग के सरकार में जवन जनता से रोजगार आ नौकरी देवे के वादा कइल गइल रहे, कम से कम ओकरा के तs पूरा कs लिहल जाव।  तेजस्वी यादव वादा कइलें कि जदि बिहार में हमार सरकार बनत बा, तs हम 10 लाख लोगन के नौकरी देम। संजय जायसवाल नीतीश कुमार के खुला चुनौती देले बाडें कि जदि एह अभ्यर्थियन के बहाली नइखे, तs हमनी के विधानसभा में जमके हंगामा करेम सs आ सदन के शान्ति से चले ना देम।

हंगामेदार होई शीतकालीन सत्र

बिहार विधानमंडल के शीतकालीन सत्र 13-19 दिसंबर तक आयोजित कइल जाई। विधानमंडल के ई सत्र कुल 5 दिन के होई। एकरा पहिला दिन माने 13 दिसंबर के विधानसभा में विधानसभा अध्यक्ष संबोधित करिहें। ओकरा बाद हाल में जवन दु विधायक जीत हासिल कsके विधानसभा में आपन जगह बनवलें, ओह लो के शपथ दिलावल जाई। आज के प्रेस वार्ता के बाद ई तय हो गइल कि शीतकालीन सत्र के हंगामेदार होखला के आसार बा।

388160cookie-checkनीतीश कुमार के संजय जायसवाल के अल्टीमेटम, 13 दिसंबर तक देस 10 लाख नौकरी, ना त ना चले देम सदन

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.