नीना गुप्ता रामानुजन पुरस्कार जीते आला चउथा भारतीय बनली…
पुरस्कार जीत भारत के मान बढ़वली प्रोफेसर नीना गुप्ता
आज भारत के रहनिहारन खातिर एगो खुशी के संगे-संगे गरब के घड़ी बा। प्रोफेसर नीना गुप्ता भारत कावर से प्रतिष्ठित रामानुजन पुरस्कार जीत लेले बाड़ी। रउआ सभे के पाता होखो कि रामानुजन पुरस्कार दुनिया भर के नवहा गणित्ज्ञन के महान गणित्ज्ञ रामानुजन के इयाद में दिहल जाला। नीना गुप्ता एह पुरस्कार के जीते आला चउथा भारतीय बाड़ी।