गोरखपुर एम्स में हे पद खातिर निकलल भरती, हे तारीख ले करीं आवेदन

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 18, 2022

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में नर्सिंग के पढ़ाई ए बरिस से सुरू हो जाई। नर्सिंग के मास्टर अउर कर्मचारियन खातिर 23 पद पs आवदेन माँगल गइल बा। एमें एगो प्रोफेसर, दू गो एसोसिएट प्रोफेसर

Share

अखिल भारतीय आयुर्विज्ञान संस्थान (एम्स) में नर्सिंग के पढ़ाई ए बरिस से सुरू हो जाई। नर्सिंग के मास्टर अउर कर्मचारियन खातिर 23 पद पs आवदेन माँगल गइल बा। एमें एगो प्रोफेसर, दू गो एसोसिएट प्रोफेसर व तीन गो असिस्टेंट प्रोफेसर के संगे 17 ट्यूटर के पद खातिर आवेदन माँगल गइल बा। 21 मार्च के साँझ पाच बजे ले रजिस्टर्ड डाक से आवेदन एम्स में चहुँप जाए केर चाहीं। ओही आवेदन पर विचार कइल जाई जौन तय बेरा में एम्स प्रबंधन को प्राप्त हो जाएंगे।

एम्स में नर्सिंग क पढ़ाई खातिर 60 सीट के मीलल मान्यता

स्वास्थ्य मंत्रालय  एम्स में नर्सिंग के पढ़ाई खतिर 60 सीटों के मान्यता दे देहले बा। अभिन ले एम्स में बस एमबीबीएस के पढ़ाई होत रहल ह। ए बरिस से तिसरका बैच सुरू हो जाई। अब एमबीबीएस में 125 सीट हो गइल बा। एही सत्र से पीजी के पढ़ाई करवले के भी तइयारी बा। कई विभाग के कोर्स स्वास्थ्य मंत्रालय में भेजल गइल बा|

 

साभार – दैनिक जागरण

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.