Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

आस्ट्रेलियाई टीम के संगे पकिस्तान नाइ जइहें ग्लेन मैक्सवेल

आस्ट्रेलियाई आलराउंडर ग्लेन मैक्सवेल जाs तनें बियाह करे| ए वजह से ऊ पकिस्तान दौरा पs नाइ गइले के फैसिला कइले बानें|

534

आस्ट्रेलियाई आलराउंडर ग्लेन मैक्सवेल बतवनें कि पाकिस्तान दौरा पs ऊ टीम के संगे नाइ रहिहें| मैक्सवेल अगिला महिन्ना बियाह करे जात बानें| एसे ऊ आईपीएल के सुरुआती खेल से भी बहरा रहि सकेनें| आईपीएल में मैक्सवेल रायल चैलेंजर्स बंगलौर के ओर से खेले आला बानें| उनकरे अलावा आस्ट्रेलिया के देब्विद वार्नर, मिसेल मार्स, पेट कमिंस, मार्कस इस्टोनस जोस हेजेलबुड, मैथ्यू बेड अउर डेनियल सम्सओ आइपीएल के हीस्सा नाइ रहिहें|

मेक्सवेल बातचीत में बतवनें की जब ऊ आपन बियाह के तारीख निकलववनें त ओ टाइम बीएस दुइये हप्ता के टाइम रहल| ऊ ए बात से बडिए खुस रहनें कि ओनके कौनो मैच नाइ छोड़े के पड़ी, लेकिन अब ओनके पकिस्तान के महत्पूर्ण दौरा छोड़े के पड़sता|

 

भारतीय मूल के विनी रमन से बियाह क रहल बानें मैक्सवेल    

आस्ट्रेलियाई आलराउंडर ग्लेन मैक्सवेल भारतीय मूल के विनी रमन से बियाह क रहल बानें| ऊ अपना बियाह के कारड भी भारतीय अंदाज में ही छपववले बानें| ए कारड में भगवान गणेश, माई लच्छमी, अउर भगवान बिष्णू के फोटो छपाइल बा|

 

साभार – अमर उजाला

216690cookie-checkआस्ट्रेलियाई टीम के संगे पकिस्तान नाइ जइहें ग्लेन मैक्सवेल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.