[the_ad_group id="30365"]

कोहली के फॉर्म के सवाल पs भड़कले कप्तान रोहित शर्मा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टीम इंडिया के कप्तान रोहित शर्मा प्रेस कोन्फ्रेंस में विराट कोहली के फॉर्म के सवाल पुछला पs खिसिया गइले हs। वेस्टइंडीज से टी-20 सीरीज ला आयोजित प्रेस कोन्फ्रेंस में ऊ विराट के बचाव कइले।

पूर्व कप्तान कोहली वेस्टइंडीज के खिलाफ वनडे सीरीज में एकदमे फ्लॉप रहल रहस, जब रोहित से एकरा के लेके सवाल कइल गइल तs ऊ कहले, ई सब बात मिडिये से सुरू होला। जदि तनिका देर ला मीडिया सांत रहो, तs सब सही हो जाई। वेस्टइंडीज के खिलाफ टी-20 सीरीज 16 फरवरी से कोलकाता में सुरू हो रहल बा।

बता दिहल जाव कि वेस्टइंडीज सीरीज से पहिले साउथ अफ्रीका के दौरा पs दुनों खिलाड़ी के बीचे अनबन के खबर आइल रहे, टेस्ट सीरीज बितला के बाद कोहली कप्तानी छोड़ देले रहस।

कप्तान बोलले- कोहली पs कवनो दबाव नइखे

रोहित आगे कहले कि जदि विराट के लेके होखे आला चरचा रउआ सभे बन कs देब तs सब सही हो जाई। कोहली पs कवनो दबाव नइखे आ ऊ जल्दिये निमन करिहे। रोहित से प्रेस कोन्फ्रेंस में बेर-बेर विराट के लेके सवाल कइल जात रहे। एकरा कारने भारत के कप्तान खुस ना लउकले।

 

 

वेस्टइंडीज के खिलाफ भारत के टी-20 टीम 

रोहित शर्मा (कप्तान), ईशान किशन, विराट कोहली, श्रेयस अय्यर, सूर्यकुमार यादव, ऋषभ पंत (उप कप्तान), वेंकटेश अय्यर, दीपक चाहर, शार्दूल ठाकुर, रवि बिश्नोई, युजवेंद्र चहल, मोहम्म्द सिराज, भुवनेश्वर कुमार, आवेश खान, हर्षल पटेल, ऋतुराज गायकवाड़, दीपक हुड्डा आ कुलदीप यादव।

साभार- भास्कर 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]