Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

पहले T-20I में रचल गइल कई गो इतिहास

पहिलका मैच खेल रहल रवि बिश्नोई बनवनें बड़हन रिकॉर्ड्, रोहित भी दू पाकिस्तानी दिग्गजन को पछड़नें

257

टीम इंडिया वेस्टइंडीज के टी-20I सीरीज के पहिलका मैच में 6 विकेट से हरा देहले बा। एही के संगे रोहित अउर कंपनी  सीरीज में 1-0 की बढ़त बना लेहले बिया। मैच के सुरुआत रोहित शर्मा के टॉस जीत के गेंदबाजी के फैसिला के संगे भइल। जहवाँ भारतीय गेंदबाज विंडीज टीम के 157 पs ही रोक देहनें। 158 रन के लच्छ के पीछा करे उतरलि भारतीय टीम भी बिच्चे में मैच में फंसल लउकत रहे। लेकिन आखिर में सूर्यकुमार यादव और वेंकटेश अय्यर के जोड़ी भारत के जीत के निगचे चहुंपा देहल। भारत 18.5 ओवर में 4 विकेट बिलवाके लच्छ पा लेहलस।

पहिला मुकाबला में कई बड़हन रिकार्ड्स देखे के मीलल….

डेबू पs मैन ऑफ द मैच
रवि बिश्नोई खातिर उनके इंटरनेशनल डेब्ऊ हरदम खातिर यादगार बन गइल। जुवा लेग स्पिनर  4 ओवर में बस 17 रन देके 2 विकेट अपने नावे कइनें। ए प्रदरसन खातिर ओनके मैन ऑफ द मैच दीहल गइल। भारत खातिर अपने पहिलके टी-20 मैच में मैन ऑफ द मैच पावे आला  बिश्नोई तिसरका स्पिन गेंदबाज बननें। बिश्नोई से पहिले प्रज्ञान ओझा और अक्षर पटेल के नाव आवेला ।

एतने नाहिं, रवि बिश्नोई टी-20I डेब्यू मैच में सबसे निम्मन गेंदबाजी करे आला तिसरका भारतीय गेंदबाज बन गइल बानें। ऊ वेस्टइंडीज के खिलाफ खेलल पहिलका T20I मैच में 17 रन देके 2 विकेट चटकवले बानें। उनसे पहिले प्रज्ञान ओझा (4/21 बनाम बांग्लादेश) अउर अक्षर पटेल (3/17 बनाम जिम्बाब्वे) के नाव् आवsला।

रोहित हफीज आ बाबर के पिछुअवनें 
भारतीय कप्तान रोहित शर्मा (120) टी-20 इंटरनेशनल में सबसे ढेर मैच खेले आला दुसरका खिलाड़ी बन गइल बानें। ऊ  पाकिस्तान के पहिले के कप्तान मोहम्मद हफीज (119) के पिछुआ देहले बानें। ए फॉर्मेट में सबसे ढेर मैच खेलले के रिकॉर्ड पाक के शोएब मलिक (124) के नाम पर दरज बा।

मैच में भारतीय कप्तान  19 गेंदों पर 40 रन की बडिए निम्मन पारी खेलनें। एही के संगे ऊ वेस्टइंडीज के खिलाफ सबसे ढेर टी-20 इंटरनेशनल रन बनावे आला खिलाड़ी भी बन गइनें। रोहित (559) पाकिस्तानी कप्तान बाबर आजम (541) के पीछे छोड़ देहनें।

मैच में बनल कुछ अउरियो रिकॉर्ड्स-

  • रोहित शर्मा के कप्तानी में वेस्टइंडीज के खिलाफ ई लगातार 7वाँ इंटरनेशनल जीत रहल।
  • रवि बिश्नोई भारत खतिर टी-20 डेब्यू करे आला 95वाँ खिलाड़ी बननें।
  • निकोलस पूरन इंटरनेशनल क्रिकेट में आपन 100 छक्का पूरा कइनें।
  • रोस्टन चेस इंटरनेशनल क्रिकेट में आपन 100 विकेट पूरा कइनें।

 

साभार – दैनिक भाष्कर

 

218030cookie-checkपहले T-20I में रचल गइल कई गो इतिहास

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.