Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

वर्ल्ड बॉक्सिंग में निखत लगातार दूसरका साल फाइनल में: रियो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता वालेंसिया के हरवली, नीतूओ फाइनल में

1,285

भारतीय स्टार बॉक्सर निखत जरीन के वर्ल्ड महिला बॉक्सिंग चैपिंयनशिप में सानदार प्रदर्शन जारी बा। निखत 50 किग्रा वर्ग में रियो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता कोलंबिया के इंग्रिट वालेंसिया के हराके फाइनल में जगह बनवली।

एकरा पहिले राष्ट्रमंडल खेलन के चैपिंयन नीतू घंघास (48 किलो) वर्ल्ड महिला बॉक्सिंग चैपिंयनशिप के फाइनल में पहुंच गइली। हरियाणा के 22 साल के नीतू सेमीफाइनल में मवजूदा एशियाई चैंपियन आ पिछला साल के विश्व चैंपियनशिप के रजत पदक विजेता कजाकिस्तान के अलुआ बाल्किबेकोवा के हरवली।

नीतू घंघास कजाकिस्तान के अलुआ बाल्किबेकोवा के हरवली

 

नीतू पूरा आक्रामकता के संगे खेलत विरोधी पs जमके घूंसा बरसवली। एकरा पहिले बुध के क्वार्टर फाइनल में हरियाणा के 22 साल के नीतू आरएससी (रैफरी के द्वारा मुकाबला रोकल गइला) के आधार पs जापान के माडोका वाडा के हरवले रहली।

490140cookie-checkवर्ल्ड बॉक्सिंग में निखत लगातार दूसरका साल फाइनल में: रियो ओलंपिक के कांस्य पदक विजेता वालेंसिया के हरवली, नीतूओ फाइनल में

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.