[the_ad_group id="30365"]

CM योगी के ऐलान, 500 से बेसी खिलाड़ियन के दिहल जाई सरकारी नौकरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मुख्यमंत्री योगी आदित्यनाथ ने मंगर के अखिल भारतीय पुलिस गेम्स के उद्घाटन कइलें। एहदौरान ऊ कहलें कि पुलिस खेल कुंभ युवा शक्ति के खेलकूद के गतिविधियन से जुड़े ला प्रेरित करी। सशस्त्र सीमा बल (एसएसबी) के नेतृत्व में अयोजित होखे वाला ई आयोजन हमनी के युवा पीढ़ी के मार्गदर्शक सिद्धांतन के नेव राखे में सहायक साबित होई।

ऊ कहलें कि खिलाड़ियन के सुविधन के बढ़वला के संगही राष्ट्रीय आ अंतरराष्ट्रीय प्रतियोगिता में प्रतिभाग करे वालन के यूपी पुलिस आ शासन के अलग-अलग सेवा से जोड़ी। हमनी के 500 से बेसी खिलाड़ियन के नौकरी देवे जा रहल बानी सs।सीएम इहो कहलें की पुलिस बल के ई ताकत होखे के चाहीं कि जब देश भा राज्य के भीतर कानून व्यवस्था के संकट आवे तs ऊ पूरा ताकत से सुरक्षा देवे।

नव बरिस में खेल संस्कृति के मिलल रफ्तार

सीएम योगी सशस्त्र सीमा बल के नेतृत्व में पीएसी 35वीं वाहिनी महानगर के ग्राउंड पs आयोजित एह कार्यक्रम के संबोधित करत कहलें कि एह आयोजन में 32 राज्यन के 1300 खिलाड़ी हिस्सा ले रहल बा लो, जवन एह कार्यक्रम के सफलता के बतावत बा। कवनो व्यक्ति के सर्वांगीण विकास में खेल के महत्त्वपूर्ण भूमिका होला।

भारत के ऋषि मनीषा एह बात पs विश्वास करत रहल बा कि शरीर माध्यम खलु धर्म साधनम। माने जवन कवनो हमनी के जिनगी के साधन बा, ऊ स्वस्थ देह से संपन्न हो सकेला। प्रधानमंत्री मोदी के मार्गदर्शन में पिछला नव साल के अंदर देस में खेल संस्कृति के हमनी के तेजी से बढ़त देखले बानी सs।

देस के सामर्थ्य आ कौशल के प्रदर्शित करेला प्रतियोगिता

सीएम योगी कहलें कि आज ओलंपिक, एशियाड, वर्ल्ड चैंपियनशिप आ कामवेल्थ गेम्स समेत सब अंतरराष्ट्रीय प्रतियोगतन में भारत के धमक बढ़ल बा। ई कवनो देस के सामर्थ्य आ कौशल के प्रदर्शित करेला। खेलकूद के प्रतियोगिता सम आ विषम परिस्थितियन में बहुत कुछ देवे के काम करेला।

आज उत्तर प्रदेश खेलकूद के गतिविधियन में तेजी के संगे आगे बढ़ल बा। हर संसदीय क्षेत्र में सांसद खेलकूद प्रतियोगिता के आयोजन हो रहल बा। एह प्रतियोगितन के संगे दु से ढाई हजार खिलाड़ी जुडेला लो। युवा शक्ति के रचनात्मक आ सकारात्मक दिशा में अग्रसर करे में खेलकूद के गतिविधियन के महत्त्वपूर्ण भूमिका होला। एकरा खातिर सरकार, औद्योगिक आ सामाजिक संस्थन के स्तर पs कोसिस कइल गइला के जरुरत बा।

10 साल बाद मिलल आयोजन के अवसर

सीएम योगी कहलें कि हमनी के सरकार आज यूपी के हर गांव में खेल के मैदान, ब्लाक स्तर पs मिनी स्टेडियम, जिला स्तर पs स्टेडियम, महिला आ पुरुष खातिर ओपन जिम आ स्पोर्ट्स कालेज के निमार्ण करा रहल बिया। एकरा से गावन में युवा आपसी राग आ द्वेष से मुक्त होके रचनात्मक आ स्वस्थ प्रतिस्पर्धा के बढ़ावा दी लो।

ऊ कहलें कि सीमावर्ती क्षेत्रन में सशस्त्र सीमा बल जवना तरह से राष्ट्र के सुरक्षा कइला के संगही सीमावर्ती नागरिकन से पूरा सहृदयता के संगे बेवहार कर रहल बा ऊ सराहनीय बा। मुख्यमंत्री प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी आ केंद्रीय गृह मंत्री के आभार व्यक्त करत कहलें कि 10 साल के बाद यूपी के एह आयोजन के अवसर प्राप्त भइल बा। उत्तर प्रदेश में 71वीं अखिल भारतीय पुलिस एथलेटिक्स क्लस्टर चैंपियनशिप होखे जा रहल बा ई हमनी के सूबे खातिर हर्ष के विषय बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]