Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

चालू वित्त वर्ष में 6.3 प्रतिशत की दर से विकास करी भारतीय अर्थव्यवस्था, महंगाई में आई गिरावट: वर्ल्ड बैंक

1,230

World Bank के ओर से निकालल गइल इंडिया डेपलपमेंट अपडेट रिपोर्ट में चालू वित्त वर्ष के विकास दर के अनुमान के 6.3 प्रतिशत पs बरकरार रखल गइल बा। संगही कहल गइल बा कि महंगाई में आगे कमी देखे के मिली। एकरा पीछे के वजह सरकार द्वारा डेग उठावल आ आपूर्ति के बढ़वल बा।

भारतीय अर्थव्यवस्था चालू वित्त वर्ष में 6.3 प्रतिशत के दर से विकास कs सकत बिया। एकर वजह देस में लगातार बढ़ रहल निवेश आ घरेलू मांग के बढ़ल बा। ई जानकारी मंगर के वर्ल्ड बैंक के ओर से जारी कइल गइल बा एगो रिपोर्ट में दिहल गइल।

भारतीय अर्थव्यवस्था में लचीलापन

वर्ल्ड बैंक के इंडिया डेपलपमेंट अपडेट (IDU) रिपोर्ट में कहल गइल कि वैश्विक अर्थव्यवस्था के मुकाबले भारतीय अर्थव्यवस्था में लचीलापन लगातार बनल बा। एह कारण से भारतीय अर्थव्यवस्था में रफ्तार बनल रही।

महंगाई में आई गिरावट

वर्ल्ड बैंक कहलस कि दक्षिण एशिया रीजन के ग्रोथ में भारत के हिस्सा सबसे बड़ होई। भारत वित्त वर्ष 2023-24 में 6.3 प्रतिशत के दर से विकास कs सकत बा।

महंगाई के मोर्चा पs रिपोर्ट में बतावल गइल बा कि खाद्य वस्तुअन के कीमतन में गिरावट आ सकत बा। सरकार के ओर से उचित डेग उठावल गइला के कारण आ आपूर्ति बढ़ला के कारण कीमतन में कमी आई।

आईबीआई एमपीसी के बैठक

ब्याज दरन के समीक्षा खातिर होखे वाला आरबीआई एमपीसी के द्विमासिक बैठक एह हफ्ता 4 अक्टूबर से लेके 6 अक्टूबर के बीच होखे के बा। आरबीआई एमपीसी के फैसलन के एलान 6 अक्टूबर के आरबीआई गवर्नर शक्तिकांत दास द्वारा कइल जाई। अबकियो बेर मानल जा रहल बा कि आरबीआई के ओर से रेपो रेट के 6.5 प्रतिशत पs बरकरार रखल जाई।

महंगाई के कम करे खातिर आरबीआई द्वारा मई 2022 से लेके फरवरी 2023 तक रेपो रेट में 2.5 प्रतिशत के इजाफा कइल गइल बा। एह कारण रेपो रेट 4.00 प्रतिशत से बढ़के 6.50 प्रतिशत हो गइल बा।

653580cookie-checkचालू वित्त वर्ष में 6.3 प्रतिशत की दर से विकास करी भारतीय अर्थव्यवस्था, महंगाई में आई गिरावट: वर्ल्ड बैंक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.