Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

सरकार सितंबर में GST से ₹1.63 लाख करोड़ जुटवलस: पिछला साल से 10.2% जादा, लगातार 7वां बेर GST 1.5 लाख करोड़ से ऊपर

1,080

सरकार सितंबर 2023 में गुड्स एंड सर्विसेज टैक्स माने GST से 1.63 लाख करोड़ रुपिया जुटवले बिया। ई एक साल पहिले माने सिंतबर 2022 के मुकाबले 10.2% जादे बा। तब GST से 1.47 लाख करोड़ रुपिया जुटावल गइल रहे। ओहिजा एक महीना पहिले अगस्त में सरकार 1.59 लाख करोड़ रुपिया आ जुलाई में 1.65 लाख करोड़ रुपिया के GST कलेक्शन कइले रहे।

लगातार 7वां बेर अइसन भइल बा कि रेवेन्यू कलेक्शन 1.5 लाख करोड़ से ऊपर रहल बा। हालांकि अभी तक सबसे जादे GST कलेक्‍शन अप्रिल 2023 में भइल रहे, जब ई आंकड़ा 1.87 लाख करोड़ रुपिया के पार पहुंच गइल रहे। एकरा अलावे लगातार 19 महीना से देश के GST कलेक्‍शन 1.4 लाख करोड़ रुपिया से ऊपर बनल बा।

CGST 29,818 करोड़ रुपिया रहल 

वित्त मंत्रालय कहलस, ‘अगस्त 2023 में GST रेवेन्यू ₹1,62,712 करोड़ रुपिया रहल बा। एमे CGST 29,818 करोड़ रुपिया, SGST 37,657 करोड़ रुपिया, IGST 83,623 करोड़ रुपिया (माल के आयात पs कलेक्ट कइल 41,145 करोड़ रुपिया सहित) आ सेस 11,613 करोड़ रुपिया रहल बा। सेस में माल के आयात से मिलल 881 करोड़ रुपिया सामिल बा।’

FY24 में अब तक 8.3 लाख करोड़ रु. के GST कलेक्शन भइल

फाइनेंशियल ईयर 2023-24 माने पिछला पांच महीना में अभी ले टोटल 9.93 लाख करोड़ रुपिया के GST कलेक्शन भइल बा। ओहिजा पूरे फाइनेंशियल ईयर 2022-23 के बात कइल जाव तs एमे टोटल 18.10 लाख करोड़ रुपिया के GST कलेक्शन भइल रहे।

GST कलेक्शन में महाराष्ट्र सबसे अव्वल

सितंबर 2023 में GST कलेक्शन के लिहाज से टॉप-5 राज्यन में महाराष्ट्र सबसे ऊपर बा। महाराष्ट्र में GST कलेक्शन पिछला साल के तुलना में 17% बढ़के 25,137 करोड़ रुपिया रहल। एह लिस्ट में कर्नाटक 11,693 करोड़ रुपिया के कलेक्शन के संगे दूसरा आ तमिलनाडु 10481 करोड़ रुपिया के कलेक्शन के संगे तीसरे नंबर पs बा। बिहार में कलेक्शन पिछला साल के मुकाबले 5% घटल बा।

2017 में लागू भइल रहे GST

GST एगो इनडायरेक्ट टैक्स हs। एसे वैराइटी ऑफ प्रीवियस इनडायरेक्ट टैक्स (वैट), सर्विस टैक्स, परचेज टैक्स, एक्साइज ड्यूटी आ कइयन गो इनडायरेक्ट टैक्स के रिप्लेस करे खातिर 2017 में लागू कइल गइल रहे। GST में 5, 12, 18 आ 28% के चार स्लैब बा।

652080cookie-checkसरकार सितंबर में GST से ₹1.63 लाख करोड़ जुटवलस: पिछला साल से 10.2% जादा, लगातार 7वां बेर GST 1.5 लाख करोड़ से ऊपर

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.