बढ़ गइल बा यूरिक एसिड, तs ना खाई इs दाल

Share

 

शरीर में यूरिक एसिड के स्तर बढ़ला से स्वास्थ्य से जुड़ल बहुत समस्या हो सकता। समय रहते हाई यूरिक एसिड के नियंत्रित कईल बहुत जरूरी बा। यूरिक एसिड के स्तर के नियंत्रित करे खातिर आपके अपना खानपान पs ध्यान देवे के चाही। अगर आपके भी हाई यूरिक एसिड के समस्या बा, तs कुछ दाल के सेवन से बचे के चाही। दरअसल, आहार में एs दाल के शामिल कईला के चलते यूरिक एसिड के स्तर अवुरी बढ़ सकता।

मसूर-उड़द दाल से बची

रउरा जानकारी खातिर हमनी के बता दीं कि मसूर में प्रोटीन के बढ़िया मात्रा पावल जाला। यूरिक एसिड के समस्या से पीड़ित लोग के मसूर से परहेज करे के सलाह दिहल जाला। एकरा संगे उड़द दाल में पावल जाए वाला प्यूरीन के मात्रा हाई यूरिक एसिड से पीड़ित लोग के स्वास्थ्य खातीर भी नुकसानदेह साबित हो सकता।

अरहर-चना के दाल खाए से बची

प्रोटीन से भरपूर अरहर भी हाई यूरिक एसिड के समस्या से पीड़ित लोग खातिर नुकसानदेह साबित हो सकता। एहसे एs समस्या से पीड़ित लोग के डॉक्टर से सलाह लिहला के बाद ही अरहर-चना के सेवन करे के चाही। आपके हाई यूरिक एसिड के समस्या बढ़ सकता।

 

 

 

 

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-