Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

26 अप्रिल के भारत में लॉन्च होई Vivo X90 आ Vivo X90 Pro, कीमत-फीचर्स सब जानकारी लीक

2,625

स्मार्टफोन निर्माता कंपनी Vivo भारत में दु गो नया फोन लॉन्च करी जेमे Vivo X90 आ X90 Pro सामिल होई। एकनी के 26 अप्रिल के भारत में उतारल जाई।

Vivo X90 सीरीज के हाले में अप्रिल के आखिरी में लॉन्च कइल जाई। एकरा के भारतीय मार्केट में पेस कइल जाई। एह सीरीज के तहत Vivo X90, Vivo X90 Pro फोन के पेश कइल जाई। बता दीं कि एह दुनो फोन्स के पहिलही से वैश्विक बाजारन में उपलब्ध करावल गइल बा। रिपोर्ट के मोताबिक, एह दुनो फोन के 26 अप्रिल के भारत में पेश कइल जाई। एक के कीमत 60 हजार से लेके 80 हजार तक के बीच हो सकत बा।

Vivo X90 आ Vivo X90 Pro के संभावित फीचर्स:

दुनो स्मार्टफोन में 6.78 इंच के फुल-एचडी+ (1260x 2800 पिक्सल) एमोलेड स्क्रीन दिहल जाई। एकर रिफ्रेश रेट 120 हर्ट्ज तक बा। ई Android 13 पs आधारित फनटच OS 13 पs काम करेला। फोन में MediaTek Dimensity 9200 SoC प्रोसेसर दिहल जाई।

दुनो फोन में ट्रिपल रियर कैमरा दिहल जा सकत बा। Vivo X90 में 50 मेगापिक्सल के सोनी IMX866 प्राइमरी सेंसर, 12 मेगापिक्सल के पोट्रेट कैमरा आ 12 मेगापिक्सल का अल्ट्रा-वाइड-एंगल कैमरा दिहल गइल बा। ओहिजा, Vivo X90 Pro में 50 मेगापिक्सल के Sony IMX989 प्राइमरी सेंसर, 50 मेगापिक्सल के 50mm IMX758 सेंसर आ 12 मेगापिक्सल के अल्ट्रा-वाइड-एंगल कैमरा दिहल गइल बा। दुनो फोन्स में 32 मेगापिक्सल के सेल्फी सेंसर दिहल गइल बा।

Vivo X90 में 120W फास्ट चार्जिंग सपोर्ट के संगे 4810mAh के बैटरी दिहल गइल बा। हालांकि, Vivo X90 Pro में 120W फास्ट चार्जिंग आ 50W वायरलेस चार्जिंग खातिर 4870mAh के बैटरी दिहल गइल बा।

508220cookie-check26 अप्रिल के भारत में लॉन्च होई Vivo X90 आ Vivo X90 Pro, कीमत-फीचर्स सब जानकारी लीक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.