Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

29 मार्च के भारत में आवे वाला कम लागत वाला’ मोटो जी13′ स्मार्टफोन, एकरा बारे में सबकुछ जान लीं

मोटो जी13 4जी लॉन्च : 90 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट डिस्प्ले अवरू 50एमपी के रियर कैमरा वाला मोटोरोला मोटो जी13 4जी स्मार्टफोन 29 मार्च के भारत में लॉन्च होइ|

1,899

29 मार्च के भारत में आवे वाला कम लागत वाला’ मोटो जी13′ स्मार्टफोन, एकरा बारे में सबकुछ जान लीं

मोटो जी13 4जी लॉन्च : 90 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट डिस्प्ले अवरू 50एमपी के रियर कैमरा वाला मोटोरोला मोटो जी13 4जी स्मार्टफोन 29 मार्च के भारत में लॉन्च होइ|

मोटो जी13 4जी लॉन्च : मोटोरोला भारत में एगो नाया स्मार्टफोन लॉन्च करे के घोषणा कईले बिया। बजट श्रेणी के मोटो जी13 29 मार्च 2023 के भारत में होइ। ई-कॉमर्स वेबसाइट फ्लिपकार्ट पे नयकी मोटो जी13 खातीर एगो प्रॉडक्ट पेज बनावल गईल बा। मोटोरोला के इ हैंडसेट जनवरी 2023 में मोटो जी23 अवरू मोटो ई13 स्मार्टफोन के संगे लॉन्च भईल रहे। मोटोरोला के नयका स्मार्टफोन में 90 हर्ट्ज रिफ्रेश रेट डिस्प्ले| हेलियो जी85 अवरू 50 मेगापिक्सल के रियर कैमरा जईसन फीचर दिहल गईल बा। आईं हमनी के बतावत बानी जा कि नयका मोटो फोन के स्पेसिफिकेशन अउरी फीचर के बारे में…

मोटो जी13 के स्पेसिफिकेशन, फीचर
मोटो जी13 में 6.5 इंच के आईपीएस एलसीडी डिस्प्ले बा। स्क्रीन 720पी पिक्सेल रिजॉल्यूशन के संगे आईल बा अवरू एकर रिफ्रेश रेट 90Hz बा। फोन में डिस्प्ले पे बीच में होल पंच कटआउट दिहल गईल बा। मोटोरोला के ए हैंडसेट में सेल्फी अवरू वीडियो कॉलिंग खातीर 8 मेगापिक्सल के फ्रंट कैमरा बा। लेनोवो के मालिकाना वाली मोटोरोला के कहनाम बा कि, डिस्प्ले प्रोटेक्शन खातीर पांडा ग्लास उपलब्ध बा। फोन के वजन 183.5 ग्राम अवरू मोटाई 8:19 मिलीमीटर बा।

 

मोटो जी13 में मीडियाटेक हेलियो जी13 प्रोसेसर

फोन में 4 जीबी रैम अवरू 128 जीबी के इनबिल्ट स्टोरेज दिहल गईल बा जवना के माइक्रोएसडी कार्ड के माध्यम से बढ़ावल जा सकता। इ फोन एंड्रॉयड 13 ऑपरेटिंग सिस्टम के संगे आवेला, जवना पे कस्टम 1 स्किन उपलब्ध बा। मोट जी13 के पावर देवे खातिर 5000mAh के बैटरी दिहल गईल बा जवन कि 20W USB pe-C चार्जिंग के सपोर्ट करेला।

फोन में हेडफोन जैक अवरू डॉल्बी एटमॉस प्लेबैक सपोर्ट के संगे डबल स्पीकर दिहल गईल बा। कनेक्टिविटी खातिर फोन में ब्लूटूथ 5.1, एनएफसी अवरू ड्यूल बैंड वाई-फाई जईसन फीचर दिहल गईल बा। मोटोरोला के ए फोन में 50 मेगापिक्सल के प्राइमरी अवरू दु मेगापिक्सल के डेप्थ अवरू पोर्ट्रेट सेंसर बा।
रेडमी नोट 12 प्रो+ 5जी स्मार्टफोन 200MP कैमरा वाला लॉन्च भईल बा, एकर फीचर जान लीं|

एकरा से पहिले एगो रिपोर्ट में खुलासा भईल रहे कि, देश में मोटो 2013 के हैंडसेट 12,000 रुपया से भी कम में लॉन्च होई।
ध्यान देवे वाला बात बा कि मोटोरोला मोटो जी13 स्मार्टफोन मार्च में लॉन्च होखे वाला जी सीरीज के दूसरा हैंडसेट बा। हाल ही में मोटोरोला भारत में 8 जीबी रैम अवरू 128 जीबी स्टोरेज के संगे मोटो जी73 5जी हैंडसेट 18,999 रुपया में लॉन्च कईले बिया। मोटो जी73 में 120 हर्ट्ज डिस्प्ले अवरू मीडियाटेक डायमेंसिटी 930 चिपसेट बा। फोन में 50 गैपिक्सेल के प्राइमरी रियर कैमरा अवरू 30W के फास्ट चार्जिंग जईसन फीचर उपलब्ध बा।

492390cookie-check29 मार्च के भारत में आवे वाला कम लागत वाला’ मोटो जी13′ स्मार्टफोन, एकरा बारे में सबकुछ जान लीं

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.