Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UPSESSB : आयोग भर्ती के नाम पर प्रतियोगिया से कमइलस एक अरब रुपया, परीक्षा के अभिन ले पता नइखे

208

उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा सेवा चयन बोर्ड प्रदेश के अशासकीय सहायता प्राप्त माध्यमिक विद्यालयन में सहायक अध्यापक (टीजीटी)/प्रवक्ता (पीजीटी) भर्ती-2022 के तहत आवेदन शुल्क से तकरीबन एक अरब रुपया कमा लिहलस लेकिन भर्ती परीक्षा के कौनो अता-पता नइखे। अभ्यर्थी अब परीक्षा तिथि खातिर चयन बोर्ड के चक्कर लगा रहल बानें। आवेदन के प्रक्रिया 16 जून से 16 जलाई ले चली। बाद में एके 16 अगस्त ले बढ़ा दिहल गइल रहे।

टीजीटी/पीजीटी-2022 के तहत चयन बोर्ड के अब ले 4163 पद के अधियाचन मिलल बा। एहमें टीजीटी के 3539 अउर पीजीटी के 624 पद शामिल बा। टीजीटी खातिर तकरीबन 8.69 लाख अउर पीजीटी खातिर चार 4.50 लाख आवेदन आइल बा। अनारक्षित अउर अन्य पिछड़ा वर्ग से आवेदन शुल्क के रूप में 750 रुपया अउर दूसरे आरक्षित वर्ग के अभ्यर्थियन से 550 रुपया लिहल गइल।

प्रतियोगी छात्रन के कहनाम बा कि अगर आवेदन शुल्क के हिसाब लगावल जाय त चयन बोर्ड को प्रतियोगियन से मिलल आवेदन शुल्क के रूप में कम से कम एक अरब रुपया के कमाई भइल होई। बोर्ड के एतना बड़ रकम के ब्याजो मिल रहल होई, लेकिन चयन बोर्ड परीक्षा तिथि घोषित नइखे कs पावत। बोर्ड में सदस्यों के सब 10 पद आठ अप्रैल 2022 से खाली पड़ल बा।

अध्यक्ष आजु दिहले बानें मिले के समय

टीजीटी/पीजीटी भर्ती के परीक्षा तिथि घोषित कइले अउर पद के संख्या में वृद्धि खातिर पोर्टल पुन: खोलले के मुद्दा पर प्रतियोगी छात्र मोर्चा चयन बोर्ड के अध्यक्ष से वार्ता खातिर समय मंगले रहनें। मोर्चा के अध्यक्ष विक्की खान बतवलें कि बोर्ड के अध्यक्ष एह मुद्दा पर वार्ता खातिर आठ दिसंबर के दूपहर 12 बजे के वक्त दिहले रहनें। प्रतियोगी छात्रन के प्रतिनिधिमंडल अध्यक्ष से मिल के एह मुद्दा के उनके सोझे रखी।

404350cookie-checkUPSESSB : आयोग भर्ती के नाम पर प्रतियोगिया से कमइलस एक अरब रुपया, परीक्षा के अभिन ले पता नइखे

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.