[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर के चिड़ियाघर के वेटलैंड बनल प्रवासी पक्षियन के नयका ठिकाना, दूर-दूर से देखे आ रहल बा लोग

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

चिड़ियाघर के वेटलैंड में ठंडी के दिन में बड़ संख्या में प्रवासी पक्षी सब आपन डेरा डार लिहले बा। दर्शक इनके कलरव के आनंद उठा रहल बानें। चिड़ियाघर के वेटलैंड क्षेत्र में प्रवासी चिरई बड़ पैमाना पर मौजूदगी दिख रहल बा। इहां उनका खातिर पर्याप्त भोजन बा। रहले के समुचित बेवस्था बा। 34 एकड़ के प्राकृतिक वेटलैंड में ऊ मछरी अउर अन्य जलीय जीव के खा तने सब त बाहर उनके पेड़ पर फल मिल रहल बा।

चिड़ियाघर के चारों ओर ऊंच चहारदीवारी अउर शांतिप्रिय वातावरण पक्षियन के वास खातिर मुफीद स्थान बनल बा। वेटलैंड के आसपास फैलल झाड़ियन में ऊ सब आपन आशियाना बना के रखले बा।

निदेशक प्राणिउद्यान डॉक्टर ए के राजमोहन बतवलें कि प्रवासी पक्षियन खातिर अब चिड़ियाघर के वेटलैंड एगो सुरक्षित ठिकाना बन गइल बा। वेटलैंड के बीचों बीच अउर आस पास मौसम के अनुसार वाले पेड़ पर फल आवsला, जिनकर भोजन एह पक्षियन के इहां रहले में अउर सुगमता पहुंचा रहल बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]