[the_ad_group id="30365"]

बदल गइल UPI के नियम: पेमेंट करे से पहिले जान लीं ई 5 बड़ बात

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

टेक्नोलॉजी डेस्क। एह महीना से राउर UPI एक्सपीरियंस तनिसा बदल सकत बा। जी हs, भारतीय राष्ट्रीय भुगतान निगम माने NPCI सिस्टम पs एक्स्ट्रा लोड के कम करे आ UPI पेमेंट्स के आउर फास्ट करे खातिर कुछ बदलाव कइल गइल बा, खास कs के सबसे व्यस्त घंटन के दौरान रउआ एकर सबसे जादे लाभ होखे वाला बा। अइसन में जदि रउआ रेगुलर PhonePe, Google Pay भा Paytm जइसन ऐप्स के इस्तेमाल करेनी, तs अब पेमेंट करे से पहिले रउआ एह 5 अपडेट्स के बारे में जरूर पता होखे के चाहीं। चलीं एकरा बारे में जानल जाव..

बैलेंस चेक कइला पs लिमिट

अब रउआ हर UPI ऐप पs दिन में खाली 50 बेर अपना अकाउंट के बैलेंस चेक कs सकत बानीं। ई कैलकुलेशन 24 घंटा के अवधि में कइल जाला आ एमे खाली उ बैलेंस रिक्वेस्ट सामिल होला जवन रउआ सीधे करेनी। एकरा अलावे UPI ऐप्स अब बैकग्राउंड में अपना आप बैलेंस चेक नइखे कs सकत। संगही केहू के पेमेंट कइला के बाद बेर-बेर बैलेंस चेक करे के जरूरत के कम करे खातिर अपडेट कइल गइल बैलेंस स्क्रीन पs तबे दिखावल जाई।

बैंक अकाउंट डिटेल्स तक लिमिटेड एक्सेस

हर यूजर के लगे अब UPI के जरिये अपना मोबाइल नंबर से जुड़ल बैंक अकाउंट के लिस्ट देखे खातिर हर दिन 25 बेर के लिमिट होई। ई तबे संभव होई जब रउआ ऐप में आपन बैंक सेलेक्ट करेम।

ऑटो पेमेंट में बदलाव

UPI के ऑटो-पेमेंट सिस्टम जवन OTT सब्सक्रिप्शन भा EMI जइसन पेमेंट्स के संभारेला, अब खाली नॉन-पीक टाइम में काम करी। माने ई सबेरे 10 बजे से पहिले भा रात 9:30 बजे के बादे पेमेंट करी। दरअसल, अइसन एहिसे कइल जा रहल बा ताकि सबसे बिजी टाइम में सिस्टम पs जादे लोड ना पड़े।

फेल भइल ऑटो-डेबिट खातिर लिमिट

हर ऑटो-डेबिट खातिर सिस्टम अब खाली एगो मेन ट्राई आ तीन रिट्राई के सुविधा रही। एकर मतलब बा कि कवनो मैंडेट से जुड़ल पेमेंट के पूरा करे खातिर रउआ कुल चार मवका मिली। ई नया नियम कवनो पेमेंट के बेर-बेर फेल होखला पs नेटवर्क पs दबाव के रोके खातिर बा।

एकरा पs हो सकत बा कार्रवाई

एनपीसीआई सब पेमेंट सर्विस प्रोवाइडर्स आ बैंकन से 31 जुलाई तक एह नियमन के लागू करे के कहले ना। जदि कवनो ऐप भा बैंक एह गाइडलाइन्स के फॉलो नइखे करत तs ओकरो पs कार्रवाई हो सकत बा।

Read Also: Gonda Accident : गाेंडा में बड़ हादसा, पृथ्वीनाथ मंदिर जा रहल श्रद्धालुअन से भरल बोलेरो नहर में पलटल, 11 के मौत

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]