साइकिल अउर बुलडोजर के भिड़ंत, साइकिल भइल पंचर

By Anurag Ranjan

Published on: Mar 10, 2022

उत्तर प्रदेश, पंजाब अउर उत्तराखंड समेत 5 राज्य में वोटों के जारी बा। यूपी में भाजपा बड़हन बहुमत के ओर बा उहवें सपा नगदे पीछे रह गइल बा। पंजाब में आम आदमी पार्टी को बड़ी बढ़त

Share

उत्तर प्रदेश, पंजाब अउर उत्तराखंड समेत 5 राज्य में वोटों के जारी बा। यूपी में भाजपा बड़हन बहुमत के ओर बा उहवें सपा नगदे पीछे रह गइल बा। पंजाब में आम आदमी पार्टी को बड़ी बढ़त मिल गई बा। उहवें हॉट सीट के बात कइल जा त फाजिलनगर सीट से स्वामी प्रसाद मौर्य अउर जहूराबाद से ओपी राजभर पीछे चल रहल बा। उहवें गोरखपुर से सीएम योगी आदित्यनाथ अउर मथुरा सीट से श्रीकांत शर्मा आगे चल रहल बाने।

शुरुआती रुझान में यूपी अउर उत्तराखंड में भाजपा आगे बा। उत्तर प्रदेश के 403, पंजाब के 117, उत्तराखंड के 70, गोवा के 40 अउर मणिपुर के 60 विधानसभा सीट पs मतदान शांतिपूर्ण ढंग से संपन्न हो गइल रहे। उत्तर प्रदेश में सबसे ढेर सात चरण में मतदान करावल गइल।

पंजाब, उत्तराखंड अउर गोवा में एक चरण में त उहवें मणिपुर दू चरणों में मतदान संपन्न भइल। उत्तर प्रदेश के बात कइल जाए त इहां करीब 50 हॉट सीट बा। एमें योगी आदित्यनाथ, केशव प्रसाद मौर्य समेत कई मंत्री शामिल बाने।  पंजाब में एग्जिट पोल सही साबित हो रहल बा अउर आम आदमी पार्टी, कांग्रेस अउर अकाली दल के नगदे पीछे छोड़ देहले बा। एह बेर आम आदमी पार्टी पंजाब में मजबूती से चुनाव लड़ल बा। उत्तराखंड में भाजपा बहुमत के आंकड़ा से आगे निकल गइल बा।

Tags:

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.