Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

UP News : सब हथकरघा अउरी पावरलूम बुनकरन के होई पंजीकरण, एक से 15 अगस्त तक चली विशेष अभियान

407

उत्तर प्रदेश के हथकरघा अउरी पावरलूम बुनकरन के हथकरघा अउरी वस्त्रोद्योग विभाग में पंजीकरण करावल जाई। पंजीकरण के बाद बुनकरन के बैंक से ऋण लेवे में आसानी होई। साथ ही एसे बुनकरन के सरकार द्वारा संचालित योजना के लाभ आसानी से मिल सकी। इहे नाइ बुनकरन के पूंजीगत कठिनाई दूर करे खातिर उनके बैंक से जोड़ल जाई।

केंद्र सरकार द्वारा संचालित मुद्रा योजना अउरी राज्य सरकार के महात्वाकांक्षी एक जिला-एक उत्पाद (ओडीओपी) योजना के तहत बुनकरन के सस्ता दर पर ऋण के साथ सब्सिडी के लाभ भी लेहल जाई। एसे प्रदेश के सब हथकरघा अउरी पावरलूम बुनकरन के ऑनबोर्ड करावल जाई।

ई जानकारी अपर मुख्य सचिव हथकरघा अउरी वस्त्रोद्योग नवनीत सहगल  देहले। उ बतवने कि पंजीकरण से सरकारी खरीद में बुनकरन के भूमिका बढ़ी। उनके उत्पाद के बिक्री बढ़ी अउरी आय में वृद्धि होई। उ बतवने कि बुनकरन के ऑनबोर्ड करे खातिर हथकरघा विभाग के जिला कार्यालय में सिडबी के कर्मचारी मौजूद रहिहें। ऊ फार्म भरले में बुनकरन के मदद करिहें। बुनकर ऑनलाइन अउरी ऑफलाइन दूनों प्रकार से आपन पंजीकरण करा सकिहें।

302720cookie-checkUP News : सब हथकरघा अउरी पावरलूम बुनकरन के होई पंजीकरण, एक से 15 अगस्त तक चली विशेष अभियान

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.