[the_ad_group id="30365"]

रामगढ़ताल में शुरू भइल कयाकिंग, जानीं 15 मिनट के केतना देवे के होई शुल्क

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गोरखपुर के रामगढ़ताल में आम लोग खातिर कयाकिंग के संचालन रविवार से शुरू क देहल गइल। राष्ट्रीय स्तर के तैराकन के समूह के संचालन के जिम्मेदारी देहल गइल बा। तैराक अपने देखरेख में लोग के 15 मिनट ले ताल के सैर करा रहल बानें। गोरखपुर विकास प्राधिकरण (जीडीए) पांच कयाक (एक प्रकार के नाव, जेमें एक चाहे दू लोग बैठके चप्पू के सहारे चलावेने) मंगवलें बा। राष्ट्रीय स्तर के तैराकन के समूह डाल्फिन रोविंग क्लब बना के एकर संचालन कs रहल बानें।

क्लब के संतोष श्रीवास्तव बतवलें कि 15 मिनट खातिर 100 रुपया शुल्क निर्धारित कइल गइल बा। हर व्यक्ति के लाइफ जैकेट पहिनल अनिवार्य बा। कयाकिंग के दौरान एगो लाइफ गार्ड भी साथे जइहें। खाली राष्ट्रीय अउरी राज्य स्तरीय तैराकन के ही लाइफ जैकेट पहिनले से छूट प्रदान कइल जाई।

ऊ बतवनें कि सुबह छह बजे से साँझ छह बजे ले कयाकिंग के संचालन कइल जाई। भविष्य में इहां कयाकिंग के प्रतियोगिता भी करावल जाई। कुछ दिन पहिले प्रदेश के पीडब्ल्यूडी मंत्री जितिन प्रसाद, सांसद रविकिशन, एडीजी जोन अखिल कुमार ताल में कयाकिंग सुविधा के शुभारंभ कइलें रहनें।

जीडीए उपाध्यक्ष प्रेम रंजन सिंह कहलें कि रामगढ़ताल में रविवार से कयाकिंग का संचालन आम लोगन खातिर शुरू हो गइल। लोग इस नयका सुविधा के खूब पसंद कs रहल बानें। संचालकन के पर्यटकन के सुरक्षा के पूरा ध्यान रखे के कहलें। लाइफ जैकेट के बिना केहूँ के कयाकिंग करे नाइ देहल जाई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]