यूपी विधानसभा चुनाव में परचार के दौरान कई तरे के मामला सामने आव्s ता| कटरा बजार विधानसभा के भदैंय्या कटहारिया गांव में एगो घटना के एगो वीडियो मंगर के वायरल भइले के बाद खलबली मच गइल बा| गांव में बीतल कई दिन से भाजपा प्रत्याशी व विधाएक बावन सिंह जनसंपर्क करत रहनें। भदैंय्या कटहरिया गांव के लोग पहिले विधायक से कई सवाल कइल। एकरे बाद गांव के लोग सपा मुखिया अखिलेश यादव जिंदाबाद के नारा लगावे लागल। एतने नाइ, सपा के प्रत्यासी बैजनाथ दूबे जिंदाबाद के नारा भी लागे लागल|
गांव के लोग के ओर से लगातार नारा लागत रहल। मौका भांपकर विधायक गांव से वापिस लवट गइनें। गांव के लोग पीछे- पीछे चल के नारा लगावत रहल। लेकिन विधायक मौका पs चतुराई देखवनें अउर बिना कुछ बोलले चल गइनें। चर्चा बा कि गांव के लोग के खीस दूर करे खातिर ही विधायक गांव गइल रहनें, लेकिन उहां विरोध झेले के पड़ल|
साभार – अमर उजाला