चारा घोटाला के 5वों केस में लालू दोषी: डोरंडा ट्रेजरी घोटाला में हिरासत में, RIMS भेजल गइले लालू , सजा के घोसना 21 के

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 15, 2022

950 करोड़ रूपिया के देस के बहुचर्चित चारा घोटाला के सबसे बड़, डोरन्डा ट्रेजरी से 139.5 करोड़ रूपिया गायब कइला के केस में मंगर के फसीला आ गइल। CBI के विशेष आदालत RJD के मुखिया

Share

950 करोड़ रूपिया के देस के बहुचर्चित चारा घोटाला के सबसे बड़, डोरन्डा ट्रेजरी से 139.5 करोड़ रूपिया गायब कइला के केस में मंगर के फसीला आ गइल। CBI के विशेष आदालत RJD के मुखिया लालू यादव के संगे 75 आरोपियन के दोसी करार देले बा। ओहिजा, 24 लोगन के बरी कs दिहल गइल बा। सजा के घोसना 21 फरवरी के होई। RJD मुखिया के कोट कावर से दोसी करार देते पुलिस हिरासत में ले लेलस। ओकरा बाद उनकर ओकिल के निहोरा पs उनका के जेल ना भेज के RIMS भेजल गइल। लालू कागज के कारवाई पूरा करे होटवार जेल गइले, फेर ओहिजा से रिम्स चल गइले। 21 फरवरी ले ऊ ओहिजा रहिहे।

जइसही RJD सुप्रीमो के दोसी करार देला के सनेस बहरी आइल पटना से रांची ले उनकर समर्थकन के उत्साह कम हो गइल।

बता दिहल जाव, एकरा पहिले चारा घोटाला के 4 गो ममिला (देवघर के एगो, दुमका ट्रेजरी के दु गो अलगा-अलगा आ चाईबासा ट्रेजरी से जुडल दु गो ममिला में) लालू के दोसी करार देहल जा चुकल बा। अभी पहिला के मामलन में ऊ जमानत पs बहरी रहले हs, बाक़िर मंगर के आइल फसिला के वजे से एक बेर फेर जेल जाये के पड़ी।

29 जनवरी के CBI के विशेष न्यायधीस एसके शशि के आदालत बहस पूरा होखला के बाद 15 फरवरी के फसिला के तारीख देले रहे। सभे आरोपियन के खुदे कोर्ट में हाजिर होखे के आदेस देले रहे। सुनवाई का बेरा हाजिर रहे ला लालू 2 दिन पहिलही 13 फरवरी के रांची पहुँच गइल रहस।

साभार: भास्कर

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.