UP Anganwadi Bharti : 2500 से जादे पदन पs निकलल बहाली, 12वीं पास महिला अभ्यर्थी भर सकी लो आवेदन

UP Anganwadi Bharti 2026 Recruitment for 2827 Posts

Share

लखनऊ। उत्तर प्रदेश में आंगनवाड़ी कार्यकर्ता बने के चाह रखे वाली महिला लोगन खातिर बढ़िया मवका आ गइल बा। राज्य के बागपत, मेरठ, आगरा, वाराणसी सहित कइयन गो जिलन में 2,827 पद पs आंगनवाड़ी वर्कर के बहाली निकलल बा। इच्छुक महिला अभ्यर्थी जिला के तय तारीख के हिसाब से ऑनलाइन आवेदन कs सकत बा लो।

आवेदन upanganwadibharti.in वेबसाइट पs ऑनलाइन भरल जा सकेला। एह भरती में खाली महिला उम्मीदवार आवेदन कs सकेला लो, पुरुष अभ्यर्थी पात्र नइखे लो।

कवना जिला में कतना पद खाली बा?

जिला कुल रिक्ति आवेदन के आखिरी तारीख
मुरादाबाद 207 23 जुलाई 2026
वाराणसी 187 31 जुलाई 2026
भदोही 108 25 जुलाई 2026
आगरा 386 20 जुलाई 2026
प्रतापगढ़ 250 28 जुलाई 2026
अलीगढ़ 237 20 जुलाई 2026
फर्रुखाबाद 292 20 जुलाई 2026
मेरठ 180 17 जुलाई 2026
बागपत 261 16 जुलाई 2026
कन्नौज 125 16 जुलाई 2026
बिजनौर 260 15 जुलाई 2026
कानपुर नगर 259 15 जुलाई 2026
ललितपुर 75 9 जुलाई 2026

कुल रिक्त पद: 2,827

के आवेदन कर सकेला?

  • आवेदन करे वाली महिला उम्मीदवार होखे के चाही।
  • अभ्यर्थी ओही जिला के निवासी होखे के चाही, जहां से आवेदन करत बाड़ी।
  • मान्यता प्राप्त बोर्ड से 12वीं पास होखल जरूरी बा।
  • स्नातक आ परास्नातक डिग्री वाली महिला आवेदन कs सकेले।
  • न्यूनतम उमिर 18 साल आ अधिकतम 35 साल तय कइल गइल बा।
  • आरक्षित वर्ग के महिला अभ्यर्थियन के सरकारी नियम के मोताबिक उमिर सीमा में छूट मिली।

एह तरीका से करीं ऑनलाइन आवेदन

  1. संबंधित जिला भा उत्तर प्रदेश सरकार के आधिकारिक आंगनवाड़ी भर्ती पोर्टल पर जाईं।
  2. अगर पहिला बेर आवेदन करत बानी, तs New Registration पs क्लिक कs के नाम, जन्मतिथि, मोबाइल नंबर आ ईमेल दर्ज करीं।
  3. रजिस्ट्रेशन के बाद मिलल यूजर आईडी आ पासवर्ड से लॉगिन करीं।
  4. आवेदन फॉर्म में आपन व्यक्तिगत जानकारी, शैक्षणिक योग्यता आ संपर्क विवरण सही-सही भर दीं।
  5. जरूरी दस्तावेज जइसे पहचान पत्र, 12वीं के प्रमाण पत्र, जाति प्रमाण पत्र (अगर लागू होखे) अपलोड करीं।
  6. अगर आवेदन शुल्क लागू होखे, तs ओकर भुगतान ऑनलाइन माध्यम से करीं।
  7. आखिर में आवेदन फॉर्म जमा कs के ओकर प्रिंटआउट अपना लगे सुरक्षित रख लीं।

Read Also: UP Electricity News : यूपी के 47 लाख बिजली उपभोक्तन के लागल बड़ झटका, बिना बतवले बढ़ा दिहल गइल लोड

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-
- Sponsored Ads-